बिस्मिल्ला ख़ाँ

विकिपीडिया से
बिस्मिल्ला खां
Shehnai Maestro Bismillah Khan in concert
सामान्य जानकारी
जनम नाँवकमरुद्दीन खां
जनम(1916-03-21)21 मार्च 1916
डुमराँव, बगसर जिला, बिहार
मूलभारत
निधन21 अगस्त 2006(2006-08-21) (उमिर 90)
बनारस,
बिधाहिंदुस्तानी शास्त्रीय संगीत
पेशा सभसंगीतकार
साजपिपिहिरी (शहनाई)

बिस्मिल्लाह खां या उस्ताद बिस्मिल्ला ख़ान (21 मार्च, 1916 - 21 अगस्त, 2006) विश्व प्रख्यात शहनाई वादक रहलें। आपके जन्म डुमराँव के भिरुंग राउत के गली, बिहार मे 21 मार्च 1916 में भइल रहे। आपके पिताजी के नाम पैगम्बर खान और माँ के नाम मिट्ठन रहे। आप अपना माता पिता के दो संतानों में दूसरा स्थान पर रही आपके नाम कमरुद्दीन आपके बड़े भाई शमसुद्दीन के नाम के तर्ज पर पडल। आपके दादा रसूल बक्श खान जब आपके पहिला बार देखलन त आपके देख कर उनका मुख से बिस्मिल्लाह निकलल और यही आगे चल कर आपके नाम भी पडल।

भोजपुरी - आपन बोली आपन समाजआपके पूर्वज डुमराव के तत्कालीन महाराज महाराजा केशव प्रसाद सिंह के दरबार में नगाड़ा वादक रहनी जा। आप 6 साल के उम्र में काशी चल अयीनी और आप के शुरूआती शिक्षा आपके चाचा अली बक्श 'विलायतु' जे ओह समय में प्रसिद्ध काशी विश्वनाथ मंदिर से जुडल रहलन के शागिर्दगी में भइल। आप एक शिया मुस्लमान होते हुए भी सरस्वती के परम भक्त रहनी और आप हमेशा हिन्दू समाज से जुडल कार्यक्रम के हिस्सा बनल रहनी।

खान साहब के सन 2001 मे भारत के सर्वोच्च सम्मान भारत रत्न से सम्मनित कइल गइल रहे। आप 21 अगस्त 2006 के हृदय गति के रुके से परम अलोक में विलीन हो गईनी

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]