सोमा घोष

विकिपीडिया से
सोमा घोष
जनमबनारस, उत्तर प्रदेश
बिधाहिंदुस्तानी शास्त्रीय संगीत
साजvocal

डॉ. सोमा घोष बनारस में जनमल आ बनारसी इस्टाइल के शास्त्रीय-उपशास्त्रीय संगीत के गायिका बाड़ी। ई भारत के प्रसिद्द शहनाई बजवइया उस्ताद बिस्मिल्ला खान के गोद लिहल बेटी हई।[1] सोमा घोष, बनारसी संगीत के परंपरा अनुसार चैती, कजरी, टप्पा, ठुमरी, दादरा के अलावा गजल गायकी में भी परसिद्ध हई।[2]

घोष पहिली अइसन भारतीय गायिका बाड़ी जेकरा के संसद भवन में गावे के मोका मिलल बाटे।[3] भारत सरकार इनके कला के क्षेत्र में योगदान खाती इनका के पद्मश्री सम्मान दिहले बा। वर्तमान में घोष, मुंबई में निवास करत बाड़ी आ एक जमाना के परसिद्ध फिलिमकार नबेंदु घोष के बहुरिया हई।[4]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Remembering Baba: Soma Ghosh talks about Ustad Bismillah Khan" (अंग्रेजी में). Dnaindia.com. 2016-10-16. Retrieved 2018-08-26.
  2. "Classical vocalist Dr. Soma Ghosh stuns celebs with sterling tribute to Begum Akhtar" (अंग्रेजी में). Radioandmusic.com. Retrieved 2018-08-26.
  3. "'Award is nothing but guru's blessing': Soma Ghosh". The Hindu. 2016-04-14. Retrieved 2018-08-26.
  4. "Classical vocalist Dr. Soma Ghosh". Jagran.com. 2012-03-14. Retrieved 2018-08-26.