यूरेशियाई स्टेप

विकिपीडिया से
(यूरेशियाई स्टेपी से अनुप्रेषित)
Eurasian steppe belt (turquoise)
यूरेशियाई स्टेप बेल्ट (फिरोजी रंग से)

यूरेशियाई स्टेप (अंग्रेजी: Eurasian steppe) भा यूरेशियाई स्टेपी, जेकरा के ग्रेट स्टेप (great steppe) चाहे द स्टेप्स (the steppes) भी कहल जाला, एगो बिसाल स्टेप इकोप्रदेश हवे जे यूरेशिया में बा आ ई समशीतोष्ण कटिबंधी (टेम्परेट) घास के मैदान, सवानाझाड़ीदार बायोम के हिस्सा हवे। एकर बिस्तार पच्छिम में हंगरी, बुल्गारिया, रोमानिया, मोल्डोवा, यूक्रेन, पच्छिमी रूस, साइबेरिया, कजाकिस्तान, शिनजियांग, मंगोलियामंचूरिया में बा, एकर एगो बाहर छटकल हिस्सा (एक्स्क्लेव) हंगरी में बाटे जेकरा के पैनोनियन स्टेप चाहे पुस्ता कहल जाला।

पुरापाथरजुग (पैलियोलिथिक) से स्टेप रूट बिचला यूरोप, पूरबी यूरोप, पच्छिमी एशिया, मध्य एशिया आ दक्खिन एशिया के आर्थिक, राजनीतिक, आ सांस्कृतिक रूप से जोड़े वाला ब्यापार-बाणिज्य के मार्ग रहल बाटे। स्टेप रूट खाली भर पुराना मध्यकाल के सिल्क रूट के पुरखा ना हवे बलुक आधुनिक जमाना के यूरेशियाई जमीनी पुल के पुरखा भी मानल जाला। ई इलाका घुमंतू लोगन के कई गो साम्राज्य सभ के इलाका रहल हवे आ कई ठे आदिवासी संघ (ट्राइबल कन्फ़ेडरेशन) सब के आ प्राचीन राज्य सभ के बिस्तार क्षेत्र रहल हवे; उदाहरण खातिर शियोंग्नू, शीथिया, सिमेरिया, हूण साम्राज्य, कोरास्मिया, ट्रांसोग्जियाना, सोग्डिया, शियान्बेई, मंगोल साम्राज्य, आ गोकतुर्क खांगानाते के नाँव गिनावल जा सके ला।

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]