घुमंतू लोग

विकिपीडिया से
तिब्बत के एगो घुमंतू परिवार के साजो सामान। ई चरवाहा घुमंतू लोग हवे। तिब्बत के मूल निवासी लोग के कुल आबादी के 40% लोग घुमंतू हवे।[1]

घुमंतू भा खानाबदोश अइसन जाति(-समूह) के लोग के कहल जाला जिनहन लोग के कौनों परमानेंट घर आ बस्ती न होखे; धियान देवे के बात ई कि एह जातिसमूह सभ के अइसने जीवन शैली होला जबकि अगर केहू अकेल ब्यक्ति के लगे मजबूरी में घर-बार न होखे तब ओह ब्यक्ति के बेघर कहल जाला। दुनियाँ में अभिन ले कई गो अइसन जनजाति आ आदिवासी लोग के समूह बाड़ें जे लोग के जिए के तरीका अइसने बा कि ऊ लोग छोट-बड़ झुंड में एक जगह से दुसरे जगह घूमत रहे ला।

अंग्रेजी में अइसन लोग के नोमैड (Nomad) कहल जाला। ई शब्द फ्रांसीसी से आइल बतावल जाला।[2]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. In pictures: Tibetan nomads BBC News
  2. English dictionaries agree that the word came from French in the 16th century but incorrectly claim that the French word referred to pasturing. (See the American Heritage Dictionary and the Digitized Treasury of the French Language (in French). The meanings of the Latin and Greek predecessors are irrelevant and in fact misleading for the meaning of the English word.)