देवरिया

विकिपीडिया से
देवरिया
देउरिया
शहर
देवरिया is located in Uttar Pradesh
देवरिया
देवरिया
उत्तर प्रदेश में लोकेशन
Coordinates: 26°30′06″N 83°46′46″E / 26.50167°N 83.77936°E / 26.50167; 83.77936निर्देशांक: 26°30′06″N 83°46′46″E / 26.50167°N 83.77936°E / 26.50167; 83.77936
देश भारत
राज्यउत्तर प्रदेश
जिलादेवरिया
Elevation68 m (223 ft)
Population
 (2011)
 • Total129,479
भाषा
 • ऑफिशियलहिंदी[2]
 • दूसर ऑफिशियलउर्दू[2]
 • लोकलभोजपुरी
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
274001
फोन कोड05568
Vehicle registrationUP-52
WebsiteOfficial Website

देवरिया (अंग्रेजी: Deoria) भारत के उत्तर प्रदेश राज्य में एक ठो शहर बा। ई शहर एही नाँव के जिला, देवरिया जिला के मुख्यालय हवे।

नाँव[संपादन करीं]

देवरिया शब्द के उत्पत्ती के बारे में कई मत बा। जिला के वेबसाइट पर उपलब्ध बिबरन के मोताबिक ई "देवारण्य" चाहे "देवपुरिया" से निकलल हो सके ला; इहो मानल जाला कि देउरिया के अरथ देवता के अस्थान होला।[3]

भूगोल[संपादन करीं]

शहर मैदानी इलाका में बसल हवे, ई मैदान उत्तरी भारत के मैदान के हिस्सा हवे। शहर के लगे से कुर्ना नदी नाँव के एगो बहुत छोट नदी बहे ले जबकि छोटी गंडक नदी एह शहर के पूरुब ओर से हो के बहे ले। इलाका के मुख्य नदी सरजू नदी (घाघरा नदी) हवे जे एह शहर से कुछ दूरी पर दक्खिन ओर बाटे।

एह इलाका के मुख्य शहर गोरखपुर हवे जे देवरिया से 53 किलोमीटर के दूरी पर उत्तर पच्छिम में बाटे।[3]

जनसांख्यिकी[संपादन करीं]

साल 2011 के जनगणना[1] अनुसार देवरिया के कुल शहरी जनसंख्या 129479 बाटे आ आसपास के उपशहरी इलाका के मिला लिहल जाय तब कुल जनसंख्या 129479 बा। जनसंख्या के हिसाब से ई भारत के 361वाँ शहर बाटे। जनगणना आँकड़ा के मोताबिक एह शहर में लिंगानुपात 919 आ साक्षरता के दर 86.8% बाटे।[1]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 1.2 "Census of India: Deoria". www.censusindia.gov.in. Retrieved 20 November 2019.
  2. 2.0 2.1 "52nd REPORT OF THE COMMISSIONER FOR LINGUISTIC MINORITIES IN INDIA" (PDF). nclm.nic.in. Ministry of Minority Affairs. Archived from the original (PDF) on 25 May 2017. Retrieved 1 April 2019.
  3. 3.0 3.1 "जिले के बारे में". Retrieved 10 मई 2020.