छोटानागपुर पठार

विकिपीडिया से
(छोटा नागपुर पठार से अनुप्रेषित)
छोटानागपुर पठार
Plateau
शहर राँची, धनबाद, जमशेदपुर, बोकारो स्टील सिटी
नदी दामोदर नदी, सुबर्णरेखा नदी, बराकर नदी
ऊँच बिंदु पारसनाथ पहाड़ी
 - ऊँचाई 1,350 मी (4,429 फीट)
Chota Nagpur Plateau. Orographical Features.

छोटानागपुर पठार या छोटा नागपुर पठार (अंग्रेजी: Chota Nagpur Plateau) पूरबी भारत में एक ठो पठार बाटे। ई झारखंड के अधिकतर हिस्सा; उड़ीसा, पच्छिम बंगालछत्तीसगढ़ के कुछ भाग पर बिस्तार लिहले बाटे। एकरा उत्तर आ पूरुब ओर सिंधु गंगा के मैदान बाटे आ दक्खिन ओर महानदी बेसिन बा। एकर कुल रकबा 65,000 वर्ग किलोमीटर (7.0×1011 वर्ग फु) बाटे।[1] दामोदर नदी एह पठार के मुख्य नदी हवे।

भाग[संपादन करीं]

एह पठार के कई छोट-छोट भाग में बाँट के भी इनहन के नाँव आ पहिचान दिहल गइल बाटे। इन्हन के नाँव नीचे दिहल जात बाटे:

  • पाट प्रदेश
  • राँची पठार
  • हजारीबाग पठार
  • कोडरमा पठार
  • दामोदर ट्रफ़
  • पलामू पठार
  • मानभूम-सिंघभूमि


संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Chhota Nagpur Plateau". mapsofindia. Retrieved 2010-05-02.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]