Jump to content

पारसनाथ

विकिपीडिया से
(पारसनाथ पहाड़ी से अनुप्रेषित)
पारसनाथ
पारसनाथ
पहाड़ी के दृश्य
Highest point
ऊँचाई1,370 मी (4,490 फीट)
लोकेशन (भूगोलीय)23°57′48″N 86°07′44″E / 23.9634°N 86.129°E / 23.9634; 86.129निर्देशांक: 23°57′48″N 86°07′44″E / 23.9634°N 86.129°E / 23.9634; 86.129[1]
भूगोल
पारसनाथ के लोकेशन Jharkhand में
पारसनाथ
झारखंड में लोकेशन
LocationGiridih, Jharkhand, India
मूल परबत श्रेणीपारसनाथ पहाड़ी, छोटा नागपुर के पठार
चढ़ाई
सहज रूटHike

पारसनाथ (माराङ बुरु) एगो पहाड़ी चोटी बा जे एही नाँव के पहाड़ी के हिस्सा हवे आ भारत में दक्कन के पठार के पूरबी हिस्सा, छोटा नागपुर के पठार के पूरबी भाग में मौजूद बा। ई झारखंड राज्य के गिरिडीह जिला में पड़े ले आ 1,370 मीटर (4,490 फीट) ऊँचाई के साथ झारखंड राज्य के सभसे ऊँच अस्थान भी हवे।

चोटी पर परसिद्ध जैन मंदिर शिखरजी बाटे जे जैन धर्म में बहुत महत्व वाला तीरथ मानल जाला। मान्यता हवे कि कई गो तीर्थंकर लोग एही पहाड़ी के शिखर से मोक्ष प्राप्त कइल।