Jump to content

कोइरी

विकिपीडिया से

कोइरी एगो हिंदू जाति हवे जे भारत में बिहार, उत्तर प्रदेश, मध्य प्रदेश आ कुछ अन्य राज्य आ नेपाल (मुख्य रूप से मधेस) में निवास करे ले। ई जाति के काफी लोग मॉरिशस में गिरमिटिया बनके गइल रहने। कोइरी लोगन के जातीय पेशा फल-तरकारी के खेती रहल।[1][2] लगभग सभ कोइरी हिंदू धर्म के मानने अउर हिंदी, भोजपुरीअवधी बोलने। भारत के आजादी के बाद से ई समाज सामाजिक आ राजनीतिक तौर प बहुत तरक्की कइले। मॉरीशस देस के राष्ट्रपिता आ पहिलका प्रधानमंत्री शिवसागर रामगुलाम कोइरी समाज से रहने।

  1. Kerkhoff, Kathinka Sinha (26 सितंबर 2014). Colonising Plants in Bihar (1760-1950): Tobacco Betwixt Indigo and Sugarcane (अंग्रेजी में). Partridge Publishing. p. 61. ISBN 978-1-4828-3910-4. Retrieved 3 जून 2026.
  2. Bose, Ruma (23 सितंबर 2019). Walking with Pilgrims: The Kanwar Pilgrimage of Bihar, Jharkhand and the Terai of Nepal (अंग्रेजी में). Routledge. ISBN 978-1-000-73250-4. Retrieved 3 जून 2026.