ऋत

विकिपीडिया से

ऋत भारतीयहिंदू दर्शन के सभसे पुरान कांसेप्ट सभ में से एक हवे, वैदिक दर्शन के हिस्सा के रूप में बर्णित ई, एक किसिम के, सृष्टी भर में ब्यापी नियम भा नियमित करे वाला तत्व, सत्य, के रूप में बर्णित चीज हवे। बाद के हिंदू दर्शन में धर्मसत्य के कांसेप्ट से एकर बहुत नजदीकी समानता बा। एक तरह से ई पूरा सृष्टी के धर्म हवे आ वैदिक दर्शन में एकर पहिला जिकिर ऋग्वेद में मिले ला। एकर बिलोम शब्द अनृत आज्काल्ह असत्य के अरथ में इस्तेमाल होला आ धारयति इति धर्मः के परिभाषा के अनुसार ई वर्तमान समय के धर्म शब्द के अरथ खातिर पूर्ववर्ती शब्द भी गिनावल जा सके ला; हालाँकि, धर्म कौनों समाज के भी हो सके ला कौनों ब्यक्ति खाती भी निश्चित रोल के रूप में हो सके ला जे ओह समाज भा ब्यक्ति के कर्म के निर्धारित करे वाला तत्व हवे जबकि ऋत के अइसन छोट अरथ में कबो इस्तेमाल ना होला आ ई हमेशा ब्रह्मांड भर में ब्यापी आ ओकरा के निर्धारित आ नियमित करे वाला तत्व के रूप में इस्तेमाल होला।

मॉरिस ब्लूमफ़ील्ड एह कांसेप्ट के हिंदू दर्शन के बहुत महत्व वाला कांसेप्ट माने लें आ धर्म के दर्शन के बिबेचन के रूप में एकरा के सुरुआती मूलभूत चीज में से एक बतावे लें।


संदर्भ[संपादन करीं]