आम के किसिम सभ के लिस्ट

विकिपीडिया से

दुनियाँ में आम के सैकड़न किसिम पावल जालीं जिनहन में अधिकतर आ सभसे आम पावल जाए वाली सब मैंगीफेरा इंडिका के किसिम हईं। दक्खिनी एशिया आ दक्खिन-पुरुब एशिया में मैंगीफेरा के अउरियो किसिम सभ पावल जालीं। नीचे आम के कुछ मुख्य-मुख्य किसिम सभ के लिस्ट दिहल जा रहल बाटे:


लिस्ट[संपादन करीं]

आम चलन
के नाँव
फोटो मूल
क्षेत्र
टीका-टिप्पणी
आ नोट
अलफांसो (हापुस) भारत, पाकिस्तान "आम के राजा" कहाला, खूब मीठ आ रेशेदार गुद्दा होला, महाराष्ट्र के कुछ जिलन में मुख्य रूप से उपराजल जाला। ई किसिम फरवरी से मई के अंत ले बजार में आवे ला; हालाँकि, समय जगह आ जलवायु के हिसाब से बदल सके ला।
आम्रपाली भारत दशहरी आ नीलम के संकर
चौसा भारत, पाकिस्तान
दसहरी (दशहरी) भारत, नेपाल, पाकिस्तान उत्तर प्रदेश के लखनऊ के लगे मलीहाबाद के दसहरी गाँव में एकर उत्पत्ती भइल। मूल फेड़ अभिन ले फरत बाटे आ एकर उमिर लगभग 200 से 300 बरिस मानल जाला। पूरा उत्तरी भारत में उपराजल जाला आ दक्खिन में आंध्र प्रदेश ले होखे ला। एक्सपोर्ट क्वालिटी के आम हवे आ बिदेसन ले भेजल जाला।
लंगड़ा (कपूरी) भारत बनारस से उपजल हवे आ "बनारसी लंगड़ा" कहाला। मजिगर गुद्दा आ ख़ास महक होला। मूल इलाका के अलावा पच्छिम में सहारनपुर ले आ बिहार में दरभंगाभागलपुर ले भरपूर होखे ला।