दसहरी

विकिपीडिया से
आम 'दसहरी'
जातिआम
किसिम'दशहरी'
मूल जगहभारत
दसहरी आम
'दसहरी' आम (कटा हुआ)

दसहरी भा दशहरी आम के एक ठो किसिम हवे। भारतीय आम के ई किसिम खाली भारते में ना बलुक बिस्व के कई देसन में पसंद कइल जाला। मूल रूप से ई लखनऊ के लगे मलीहाबाद से कुछ दूर पर मौजूद दशहरी नाँव के गाँव[1][2] के एक ठो आम के फेड़ से जनमल किसिम हवे। दशहरी गाँव में एकर मूल फेड़ अभिन ले मौजूद बा आ इतिहासी चीज मानल जाला आ लगभग 200 साल पुरान फेड़ हवे।

एकरा के आमतौर पर मलीहाबादी भी कहल जाला। भारत में एकरा के पसंद कइल जाला आ अउरी देसन के भी एह आम के निर्यात कइल जाला। जवना बाहर के देसन में ई आम भेजल जाला उनहन में अरब देस, मध्य पूर्व के देस आ अमेरिका प्रमुख बाने आ हाल के खबर के मोताबिक ई आम अब रूस के बजार में भी भेजल जाई।[3]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Mishra, Rishi (2017-01-31). "अतीत के पन्नों में न खो जाए दशहरी आम, कभी नहीं बनता चुनावी मुद्दा". Gaonconnection.com. Retrieved 2017-05-30.
  2. रामदत्त त्रिपाठी बीबीसी संवाददाता, लखनऊ (1970-01-01). "BBC Hindi - भारत - दशहरी गाँव को कूड़ाघर बनाने का विरोध". Bbc.com. Retrieved 2017-05-30.
  3. "अब रूस के बाजार में भी मिलेगा दशहरी आम". Nationaldastak.com. 2016-05-04. Retrieved 2017-05-31.[मुर्दा कड़ी]