Jump to content

भागलपुर

विकिपीडिया से
भागलपुर
चंपानगरी
चंपापुरी
Nickname: 
सिल्क सिटी (रेशम नगरी)[1]
भागलपुर के लोकेशन Bihar में
भागलपुर
भागलपुर
Bihar में लोकेशन
भागलपुर के लोकेशन India में
भागलपुर
भागलपुर
India में लोकेशन
Coordinates: 25°15′N 87°0′E / 25.250°N 87.000°E / 25.250; 87.000निर्देशांक: 25°15′N 87°0′E / 25.250°N 87.000°E / 25.250; 87.000
देस भारत
राज्य बिहार
जिलाभागलपुर
Area
 • Total
218.28 किमी2 (84.28 बर्ग मील)
Elevation52 m (171 ft)
Population
 (2011)[4]
 • Total
410,210
 • Density1,879.3/किमी2 (4,867.3/वर्ग मील)
Demonymभागलपुरी
भाषा
 • ऑफिशियलहिंदी[5]
 • दूसर ऑफिशियलउर्दू[5]
 • लोकलअंगिका[6]
Time zoneUTC+5:30
पिनकोड
812001-81XXXX[7]
फोन कोड0641
Websitebhagalpur.nic.in

भागलपुर, जेकरा इतिहास में चंपा नगरी के नाँव से जानल जाव, भारत के बिहार राज्य के एगो प्रमुख शहर हवे, जे गंगा नदी के दक्खिनी तीरे पर बसल बा। आबादी के हिसाब से भागलपुर, बिहार के तीसरका सबसे बड़ा शहर हवे। ई भागलपुर जिला, भागलपुर प्रमंडल आ पूर्वी प्रक्षेत्र (ईस्टर्न रेंज) के मुख्यालय हवे।

भागलपुर के "सिल्क सिटी" (रेशम नगरी) के नाँव से जानल जाला। भारत सरकार के स्मार्ट सिटी मिशन के तहत एकरा के बिकसित करे खातिर चुनल गइल बा। बिहार में राजधानी पटना के बाद भागलपुर एगो अइसन जिला बा, जहाँ तीन गो प्रमुख उच्च शिक्षण संस्थान—ट्रिपल आइटी, भागलपुर, तिलका मांझी भागलपुर यूनिवर्सिटी आ बिहार कृषि विश्वविद्यालय—स्थित बाड़ें। मध्यकालीन विक्रमशिला महाविहार के खंडहर के नगीचहीं नया विक्रमशिला सेंट्रल यूनिवर्सिटी के निर्माण चल रहल बा। भागलपुर जंक्शन रेलवे स्टेशन शहर के मेन रेलवे स्टेशन हवे। शहर के आसपास बहे वाली गंगा नदी में भारत के राष्ट्रीय जलीय जीव गंगा डॉल्फिन पावल जाले। एह प्रजाति के संरक्षण खातिर शहर के नगीचे विक्रमशिला गंगा डॉल्फिन अभयारण्य स्थापित कइल गइल बा।

भागलपुर में मनसा पूजा के सबसे बड़ा आयोजन होखेला। एकरे साथे काली पूजा के अवसर पर निकलल जुलूस भी देश के सबसे बड़ा जुलूसन में गिनल जाला। ई दुनो आयोजन एह क्षेत्र के सांस्कृतिक विरासत के महत्वपूर्ण हिस्सा हउवें।

  1. ↑ "Bhagalpur: The Silk City". Outlook India. 16 June 2017. Retrieved 29 September 2019.
  2. ↑ "Welcome to Bhagalpur Municipal Corporation(BMC)". bhagalpurnagarnigam.in. Retrieved 22 November 2020.
  3. ↑ "Geographic coordinates of Bhagalpur, India. Latitude, longitude, and elevation above sea level of Bhagalpur". Dateandtime.info. Archived from the original on 11 May 2018. Retrieved 7 May 2016.
  4. ↑ "Urban Agglomerations/Cities having population 1 lakh and above" (PDF). Office of the Registrar General & Census Commissioner, India. Archived (PDF) from the original on 17 अक्टूबर 2013. Retrieved 12 मई 2014.
  5. 1 2 "52nd REPORT OF THE COMMISSIONER FOR LINGUISTIC MINORITIES IN INDIA" (PDF). nclm.nic.in. Ministry of Minority Affairs. Archived from the original (PDF) on 25 May 2017. Retrieved 4 October 2019.
  6. ↑ Masica, Colin P. (9 September 1993). The Indo-Aryan Languages (अंग्रेजी में). Cambridge University Press. p. 12. ISBN 978-0-521-29944-2.
  7. ↑ "BHAGALPUR Pin Code - 812001, Jagdishpur All Post Office Areas PIN Codes, Search BHAGALPUR Post Office Address". ABP. Retrieved 18 July 2022.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]