अहिमन छपरा

विकिपीडिया से

अहिमन छपरा (Ahiman Chapra), भारत के बिहार राज्य के पूर्वी चम्पारण जिला (East Champaran) के चकिया उपखंड के कल्याणपुर प्रखंड के सिसवा सोब पंचायत में अहिमन छपरा नाम के एगो गांव बा।[1][2][3] अहिमन छपरा के अहिमानवां नाम से भी जानल जाला। ई गांव के पूरब दिसा में फूलवारिया, पश्चिम में माधोपुर सरुप, उत्तर में बहलोलपुर,मथिया, मेघुआ आउरो दक्षिण में बखरी महेश बसल बा । चकिया से अहिमानवां गांव पश्चिम दिशा में लगभग १० किलोमीटर दूर बा आउरो थाना कल्याणपुर से पूरब दिशा में ई ५ किलोमीटर के दूरी पे पडेला।

अहिमन छपरा (अहिमानवां)

Ahiman Chapra (Ahimanwan)

निर्देशांक: 26°25'12.0"N 85°03'00.0"E]
ज़िला पूर्वी चम्पारण ज़िला
प्रान्त बिहार
देश भारत
जनसंख्या (2011)
• कुल 1,150
भाषाएँ
• प्रचलित हिन्दी, भोजपुरी
समय मण्डल भामस (यूटीसी+5:30)

पर्यटन स्थल[संपादन करीं]

केसरिया स्तूप- अहिमन छपरा से लगभग १३ किलोमीटर केसरिया स्तूप बा। भगवान बुद्ध जब महापरिनिर्वाण ग्रहण करे कुशीनगर जाइत रहलन त उ एक दिन ला केसरिया में रुकल रहलन। जे जगह पर उ रुकल रहलन उ जगह पे कुछ समय बाद सम्राट अशोक ने स्‍मरण के रूप में इ स्‍तूप के निर्माण करवइलन । एकराके विश्‍व के सबसे बड़ा स्‍तूप मानल जाला। वर्तमान में इ स्‍तूप 1400 फीट के क्षेत्र में फइलल बा आउरो ऐकर ऊंचाई 51 फीट बा। अलेक्‍जेंडर कनिंघम का अनुसार मूल स्‍तूप 70 फीट ऊंचा रहे। कहल जाला कि चौथी शताब्‍दी में चीनी तीर्थयात्री ह्वेनसांग भी ए जगह के भ्रमण कयले रहलन।[4]

विराट् रामायण मंदिर- अहिमानवां से लगभग ७ किलोमीटर कैथवलिया गांव बा जे की चकिया-केसरिया रास्ता में पाडेला। केसरिया के निकट जानकी नगर में बहुआरा कैथवलिया गांव में विराट् रामायण मंदिर बन रहल बा।[5] इ एक आगामी मंदिर ह जे की पटना के महावीर स्थल न्यास समिति (महावीर मंदिर न्यास) नामक संस्था द्वारा बनावल जाइता। कम्बोडिया के अंकोरवाट की रचना की तर्ज पे आधारित इ मंदिर के अंकोरवाट की दुगुन्ना ऊँचाई और आकार के बनावल जाए के योजना रहे।[6]

शिक्षा[संपादन करीं]

अहिमन छपरा में दो राजकीय प्राथमिक विद्यालय Archived 2023-12-31 at the Wayback Machine बा जेमे कक्षा १से ५ तक के बच्चवन के पढ़ावल जाला। बगल के गांव बखरी महेश में राजकीय माध्य विद्यालय बा जेमे कक्षा १ से ८ तक के बच्चवन के शिक्षा प्राप्त होखेला। इ गांव के लगे ही लगभग २ किलोमीटर दूर अरपा इंटरनेशनल स्कूल (Arpa International School) बा जे की केसरिया रोड़ में आवेला जेमे कक्षा १ से १२ तक के बच्चवन के शिक्षा प्राप्त होखेला।[7]

यातायात[संपादन करीं]

रेल मार्ग से चकिया तक आवे के बाद अहिमन छपरा के लेल विभिन्न गाडियां उपलब्ध बा जाईसे की बस, जीप, ऑटो, रिक्शा तथा इलेक्ट्रॉनिक रिक्शा।

जनसंख्या[संपादन करीं]

भारत के जनगणना 2011 के रिपोर्ट के अनुसार, चकिया नगर पंचायत के जनसंख्या 20,686 है, जेमे 10,990 पुरुष, आउरो 9,696 महिलाएं बानी। अहिमानवान गांव के कुल जनसंख्या 1,150 बा। इ गांव में साक्षरता दर 66.67% बा आउरो लिंग अनुपात 1,102 बा।[8]

नदी[संपादन करीं]

अहिमानवां गांव से लगभग ३० किलोमीटर की दूरी पे पश्चिम दिशा में गंडक नदी आउरो १२ किलोमीटर दूर पूरब दिशा में बूढ़ी गंडक नदी मिलले।

इन्हें भी देखें[संपादन करीं]

1. केसरिया स्तूप

2. विराट् रामायण मंदिर

3. गण्डकी नदी

4. बूढ़ी गण्डक नदी

सन्दर्भ[संपादन करीं]

  1. "Tourism and Its Prospects in Bihar and Jharkhand Archived 2013-04-11 at the वेबैक मशीन," Kamal Shankar Srivastava, Sangeeta Prakashan, 2003
  2. "Bihar Tourism: Retrospect and Prospect Archived 2017-01-18 at the वेबैक मशीन," Udai Prakash Sinha and Swargesh Kumar, Concept Publishing Company, 2012, ISBN 9788180697999
  3. "Revenue Administration in India: A Case Study of Bihar," G. P. Singh, Mittal Publications, 1993, ISBN 9788170993810
  4. https://hi.wikipedia.org/s/1gv7
  5. "Work on world's largest Hindu temple to begin by June-end". The Times of India. 18 May 2015. मूल से 17 सितंबर 2017 को पुरालेखित. अभिगमन तिथि 22 May 2015
  6. https://hi.wikipedia.org/s/93dg
  7. https://schools.org.in/purba-champaran/10021102904/arpa-international-school.html
  8. Villages & Towns in Kalyanpur Block Purba Champaran, Bihar - Census 2011