केसरिया स्तूप
Appearance
केसरिया स्तूप | |
---|---|
बेसिक जानकारी | |
लोकेशन | भारत |
अक्षांस-देशांतर | 26°20′03″N 84°51′17″E / 26.334140°N 84.854762°Eनिर्देशांक: 26°20′03″N 84°51′17″E / 26.334140°N 84.854762°E |
धर्म/मत | बौद्ध धर्म |
मुयुनिसिपैलिटी | केसरिया |
District | पूर्बी चंपारन जिला |
राज्य | बिहार |
देस | भारत |
स्टेटस | खुलल |
ऊँचाई (अधिकाधिक) | 104ft |
केसरिया स्तूप, भारत के बिहार राज्य में, पूर्बी चंपारन जिला में केसरिया नाँम के जगह पर एगो बौद्ध स्तूप बा। जेकरा के देवला भी कहल जाला।[1] मानल जाला कि अपना अंतिम समय में कुशीनगर जात समय गौतम बुद्ध इहाँ रुकल रहलें आ एहिजे आपन भिक्षा पात्र दान क दिहले रहलें। बाद में इहाँ ई स्तूप बनवावल गइल।
ई स्तूप लगभग 1,400 फीट (430 मी) के घेरा वाला आ 104 फीट (32 मी) ऊँच बा आ एह तरीका से ई जावा के बोरोबुदुर स्तूप से एक फुट बेसी ऊँच बा जेकरा के सभसे ऊँच बौद्ध स्तूप मानल जाला।[2]
ई स्तूप, जिला के सूचना वेबसाइट अनुसार, बिहार के राजधानी पटना से करीब 160 किमी पच्छिम में आ जिला के मुख्यालय मोतिहारी से लगभग 35 किमी दक्खिन-पच्छिम में बा।[3] बिद्वान लोग के हवाला से ई बतावल गइल बा कि एह स्तूप के निर्माण लिच्छवि बंस के राजा लोग द्वारा करवावल गइल रहल।[4]
गैलरी
[संपादन करीं]-
केसरिया के पूरा आकार
-
नगीचे से स्तूप के शिखर आ ताखा सभ में मूर्ती
-
केसरिया में मिलल बुद्ध के मूर्ती
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]- केसरिया, बिहार - जगह आ कस्बा
- लउरिया नंदनगढ़
- अरेराज
- कुशीनगर
- धमेख स्तूप
संदर्भ
[संपादन करीं]विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Kesariya Stupa पर मौजूद बा। |