Jump to content

अलेक्जेंडर कनिंघम

विकिपीडिया से
अलेक्जेंडर कनिंघम
Alexander Cunningham
कनिंघम
जनम23 जनवरी 1814
निधन28 November 1893 (1893-11-29) (उमिर रहल 79)
पेशा सभ
  • इंजीनियर
  • पुरातत्वबिद
परसिद्धिआर्कियोलोजिकल सर्वे ऑफ इंडिया
जीवनसंगीएलिस कनिंघम (बियाह 1840)
संतान
  • एलन जे सी कनिंघम
  • सर अलेक्जेंडर ऍफ़ सी कनिंघम
Fatherएलन कनिंघम
रिश्तेदार
  • फ्रांसिस कनिंघम (भाई)
  • जोसेफ डेवी कनिंघम (भाई)
  • पीटर कनिंघम (भाई)

अलेक्जेंडर कनिंघम (Alexander Cunningham; 23 जनवरी 1814 – 28 नवंबर 1893) ब्रिटिश आर्मी में इंजीनियर रहलें आ भारत के इतिहास आ पुरातत्व में बिसेस रूचि लिहलें। इनका के 1861 में सर्कार द्वारा सर्वेयर बनावल गइल आ इनहीं के अगुआई में ओह संस्था के अस्थापना आ संगठन भइल जेकरा के आज भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण के नाँव से जानल जाला। एह तरीका से कनिंघम भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण के पहिला सर्वेयर जनरल रहलें।

अपना जीवन में कनिंघम कई थे किताब आ मोनोग्राफ लिखलें। बिबिध प्रकार के पुरातात्विक महत्व के चीज एकट्ठा कइलें। इनके एकट्ठा कइल गइल बिबिध चीज सभ 1924 में इंग्लैंड ले जाइल गइल आ वर्तमान में ब्रिटिश म्यूजियम के हिस्सा बा।