सुहेलवा वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी

विकिपीडिया से

सुहेलवा बनजीव बिहार (अंग्रेजी: Suhelva Sanctuary) भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश में एगो बनजीव बिहार (सैंक्चुअरी) बाटे।[1] ई प्रदेश के प्रमुख पर्यटन स्थल हवे। पहिले ई सोहेलवा जंगल केनाँव से जानल जाय आ बाद सरकार एकरा के जीव विहार घोषित कइलस।[2]

ई बनजीव बिहार यूपी के तीन जिला सभ — बलरामपुर, श्रावस्तीगोंडा जिला में फइलल जंगल के रूप में बा आ प्रदेश के राजधानी लखनऊ से करीबन 200 किमी उत्तर ओर बाटे। एकर कुल रकबा करीबन साढ़े चार सौ वर्ग किलोमीटर के बा;[3] ई इलाका बाढ़ परभावित इलाका हवे[4] आ तराई के इलाका होखे के कारण नमी के बहुतायत होला।

ई बनजीव बिहार नेपाल के जंगली इलाका सभ से जुडल बा आ ई शेर (टाइगर) के आवास होखे के कारन परसिध हवे। अउरी जानवरन में गुलदार, भालू, हिरन या फिर चीतल पावल जालें।[3]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Welcome to UP Tourism-Official Website of Department of Tourism, Government of Uttar Pradesh, India | explore | Suhelwa Wildlife Sanctuary". Uptourism.gov.in. 2017-01-23. Archived from the original on 2018-08-18. Retrieved 2018-08-26.
  2. Last updated: Fri, 30 Mar 2018 04:53 PM IST (2018-03-30). "Now Sohlawa forest area is Suheldev wildlife vihara janab, Lucknow Hindi News - Hindustan". Livehindustan.com. Retrieved 2018-08-26.
  3. 3.0 3.1 "बुलाती है सोहेलवा की मोहक छटा". Jagran.com. 2011-11-16. Retrieved 2018-08-26.
  4. "Over 200 villages in UP marooned, Rapti river flows above danger mark | India News - Times of India". Timesofindia.indiatimes.com. Retrieved 2018-08-26.