पीलीभीत टाइगर रिजर्व

विकिपीडिया से
पीलीभीत टाइगर रिजर्व
आइयूसीएन श्रेणी IV (habitat/species management area)
पीलीभीत टाइगर रिज़र्व के एगो सीन
Map showing the location of पीलीभीत टाइगर रिजर्व
Map showing the location of पीलीभीत टाइगर रिजर्व
Map showing the location of पीलीभीत टाइगर रिजर्व
Map showing the location of पीलीभीत टाइगर रिजर्व
लोकेशनपीलीभीत जिला, उत्तर प्रदेश
भूगोलीय निर्देशांक28°41′31″N 79°51′11″E / 28.692°N 79.853°E / 28.692; 79.853निर्देशांक: 28°41′31″N 79°51′11″E / 28.692°N 79.853°E / 28.692; 79.853
पदनामितJune 2014
गवर्निग बॉडीनेशनल टाइगर कंजर्वेशन अथारिटी
वेबसाइटhttps://pilibhittigerreserve.in/

पीलीभीत टाइगर रिजर्व (अंग्रेजी: Pilibhit Tiger Reserve) भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के पीलीभीत जिला में बाटे। एकरा के साल 2014 में टाइगर रिज़र्व घोषित कइल गइल।[1]

ई इलाका भूगोलीय रूप से तराई के जंगल वाला इलाका हवे। संरक्षण आ प्रोटेक्शन के हिसाब से ई तराई आर्क लैंडस्केप (Terai Arc Landscape) के हिस्सा हवे जेह में हिमालय के एह तराई इलाका आ गंगा मैदान के उत्तरी हिस्सा के भारत आ नेपाल में मौजूद 14 गो संरक्षित इलाका सामिल बाड़ें; इहो उनहने में से एक हवे। एह इलाका में सेखुआ भा साल (शोरिया रोबस्टा) के बन पावल जालें, लमहर घास वाली घासभूमि पावल जालीं आ दलदली इलाका पावल जालें जे कई गो नदीन के बाढ़ के मैदान वाला जलोढ़ मैदानी दलदल हवें। सीजनल बाढ़ एह दलदली इकोसिस्टम के मेंटेन कइले रहे ला। शारदा सागर बान्ह प्रोजेक्ट जेकर लंबाई 22 किमी (14 मील) बाटे, एह टाइगर रिजर्व के सीमा पर पड़े ला।[2]

पीलीभीत उत्तर प्रदेश के कुछे अइसन जिला सभ में से एक हवे जहाँ बढियाँ से जंगल बाड़ें। साल 2018 के एगो एस्टीमेट के मोताबिक पीलीभीत जिला में 800 किमी2 (8.6×109 वर्ग फु) रकबा बन वाला क्षेत्र रहे जे एह जिला के कुल एरिया के 23 % बाटे। पीलीभीत के एह बन सभ में कुल 65 गो बाघ रहलें आ इनहन के शिकार के रूप में पाँच गो प्रजाति के हरिना सभ के आबादी बाटे। एह टाइगर रिजर्व के इंटरनेशनल अवार्ड TX2 मिल चुकल बा जे दिहल गइल समय में बाघन के आबादी दुगुन्ना करे खातिर मिले ला।[3]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Chanchani, P. (2015). "Pilibhit Tiger Reserve: conservation opportunities and challenges". Economic and Political Weekly. 50 (20): 19.
  2. "Pilibhit Tiger Reserve". Reserve Guide - Project Tiger Reserves In India. National Tiger Conservation Authority. Retrieved 2012-02-29.
  3. "Pilibhit Tiger Reserve Gets Global Award For Doubling Tiger Population". NDTV.com. Retrieved 2020-11-29.