Jump to content

सेखुआ

विकिपीडिया से
छत्तीसगढ़ में सखुआ के फेड़

सेखुआ चाहे सखुआ एगो फेड़ के प्रजाति हवे। एकरा के हिंदी में साल के नाँव से जानल जाला आ बैज्ञानिक नाँव शोरिया रोबस्टा (Shorea robusta) हवे। एकर लकड़ी भारी, मजबूत आ बहुत दिन ले टिके वाली होखे ले एही कारन ई इमारती लकड़ी (टिंबर) के रूप में बिबिध चीज बनावे खातिर इस्तेमाल कइल जाला।

पौराणिक जिकिर में भगवान् बिष्णु के शाल पसंद वृक्ष हवे। बौद्ध कथा के मोताबिक भगवान बुद्ध एही फेड़ के नीचे जनमल रहलें आ जैन मान्यता अनुसार महावीर स्वामी के एही फेड़ के नीचे ज्ञान प्राप्त भइल रहे। आदिवासी सरना पंथ में एकरा के पबित्र आ पूजे लायक फेड़ मानल जाला।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]