वेबसाइट
लेख सभ के एगो कड़ी जवना के बिसय बा |
इंटरनेट |
---|
इंटरनेट के रास्ता जाल के एगो कल्पित फोटो। |
सरकारी कामकाज में |
वेबसाइट आपस में संबंधित नेटवर्क वेब संसाधन सभ[नोट 1], जइसे कि वेब पन्ना, मल्टीमीडिया वगैरह, के संग्रह हवे जेकरा के एगो डोमेन नाँव से पहिचानल जा सके आ कम से कम एक ठो वेब सर्वर पर प्रकाशित होखे। वेबसाइट के कुछ प्रमुख उदाहरण बाड़ें विकिपीडिया.कॉम, गूगल.कॉम वगैरह।
वेबसाइट तक कौनों पब्लिक नेटवर्क जइसे कि इंटरनेट द्वारा या फिर प्राइवेट लोकल एरिया नेटवर्क द्वारा पहुँच अस्थापित कइल जा सके ला आ एकरा खाती एगो यूनिफार्म रिसोर्स लोकेटर (यूआरएल) के जरूरत होले जे वेबसाइट के चिन्हित करे।
वल्ड वाइड वेब (WWW) के रचना 1990 में सर्न (CERN) में काम करे वाला ब्रिटिश बैज्ञानिक टिम बर्नर्स-ली द्वारा कइल गइल।[1] 30 अप्रैल 1993 के सर्न द्वारा एह बात के घोषणा कइल गइल कि वल्ड वाइड वेब सभके इस्तेमाल खाती फिरी उपलब्ध होखी।[2] सर्वर से एकहक गो फाइल के हासिल (रिट्राइव) करे खातिर एचटीएमएल (HTML) आ एचटीटीपी (HTTP) के पहिले के जमाना में अउरी दूसर प्रोटोकाल सभ जइसे कि फाइल ट्रांसफर प्रोटोकाल (एफटीपी) आ गोफर प्रोटोकाल (gopher protocol) सभ के इस्तेमाल होखे। ई प्रोटोकाल सभ सिंपल डाइरेक्टरी स्ट्रक्चर उपलब्ध करावे लीं जेह में प्रयोगकर्ता लोग नेविगेट (भ्रमण) क सके ला आ फाइल डाउनलोड करे खाती बीछ सके ला। ओह समय में डाकुमेंट सभ के बिना फारमेट कइल टेक्स्ट के रूप में उपलब्ध करावल जाय या फिर वर्ड प्रासेसर के फारमेट में उपलब्ध होखे।
नोट
[संपादन करीं]- ↑ The first explicit definition of resource is found in RFC 2396, in August 1998:
A resource can be anything that has identity. Familiar examples include an electronic document, an image, a service (e.g., "today's weather report for Los Angeles"), and a collection of other resources. Not all resources are network "retrievable"; e.g., human beings, corporations, and bound books in a library can also be considered resources. The resource is the conceptual mapping to an entity or set of entities, not necessarily the entity which corresponds to that mapping at any particular instance in time. Thus, a resource can remain constant even when its content---the entities to which it currently corresponds---changes over time, provided that the conceptual mapping is not changed in the process.
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "The website of the world's first-ever web server". Retrieved 2008-08-30.
- ↑ Cailliau, Robert. "A Little History of the World Wide Web". Retrieved 2007-02-16.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]अंग्रेजी विक्शनरी में website खातिर देखीं। |
Library resources about Website |
- Internet Corporation For Assigned Names and Numbers (ICANN)
- World Wide Web Consortium (W3C)
- The Internet Society (ISOC)
ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |