माइक्रोब्लॉगिंग
माइक्रोब्लॉगिंग (microblogging), जइसन की एकरे नाँव से साफ़ बा (माइक्रो मने अंग्रेजी में "छोट" भा "सूछम" होला), एक किसिम के ब्लॉगिंग हवे जेह में पोस्ट कइल जाए वाली सामग्री (कंटेंट) छोट साइज के होखे ला। ई छोट-छोट वाक्य हो सके लें, सिंगल फोटो हो सके ला, चाहे छोटहन बीडियो हो सके ला। लिंक शेयर कइल आ स्टेटस अपडेट करे नियर काम माइक्रोब्लॉगिंग के तहत आवे ले। अइसन छोट-छोट पोस्ट सभ के कई बेर "माइक्रो पोस्ट" कहल जाला।
परंपरागत ब्लॉगिंग के पोस्ट जहाँ लमहर डायरी लिखे नियर पोस्ट हो सके लीं, माइक्रोब्लॉगिंग में छोट पोस्ट कइल जालीं जइसे कि "हम एह समय का करत बानी" ई बतावे खातिर कौनों छोट वाक्य, फोटो भा बीडियो के कड़ी पोस्ट कइल जाय।
ट्विटर, टंबलर, फेसबुक, ट्विस्टर, कू (koo), वेइबो नियर कई गो अइसन ऑनलाइन सर्विस बाड़ीं जे माइक्रोब्लॉगिंग के सुबिधा दे रहल बाड़ीं। गूगल प्लस (Google+) नियर कई गो अइसन प्लेटफार्म बंदो हो गइल बाड़ें जे पहिले माइक्रोब्लौगिंग के सुबिधा देत रहलें।
संदर्भ[संपादन करीं]
Page टेम्पलेट:Reflist/styles.css has no content.
![]() | ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |