कंप्यूटर नेटवर्क

विकिपीडिया से

कंप्यूटर नेटवर्क या डेटा नेटवर्क एक तरह के टेलीकम्यूनिकेशन नेटवर्क हऽ जेह में एक से ढेर कंप्यूटर यंत्र, जिनहन के नोड भा टर्मिनल कहल जाला, आपस में डेटा लिंक द्वारा जुड़ल रहे लें आ आपस में संसाधन साझा क सके लें। नोड सभ के बीच में कनेक्शन केबिल द्वारा भी हो सके ला आ वायरलेस के द्वारा भी। कंप्यूटर नेटवर्क के नोड, यानि कि अलग-अलग तरह के कंप्यूटर यंत्र सभ, होस्ट होखे लें। होस्ट अइसन यंत्र हवे जे कौनों संसाधन या आँकड़ा ऑफर करे ला। एह होस्ट सभ में पर्सनल कंप्यूटर, मोबाइल यंत्र, फोन, सर्वर वगैरह भी हो सके लें आ अन्य कई तरह के नेटवर्किंग यंत्र भी।

दो गो कंप्यूटर यंत्र अगर आपस में अइसन तरीका से जुड़ल होखें कि कवनो एक ठो यंत्र दोसरा ले जानकारी भेज सके, तब ई कहल जाई कि ऊ दूनो एक ठो नेटवर्क से जुड़ल बाने, या दुनों मिल के कंप्यूटर नेटवर्क बना रहल बाने।

कंप्यूटर नेटवर्क बहुत छोट स्तर पर भी हो सके ला आ बहुत ब्यापक स्तर पर भी। उदाहरण खातिर इंटरनेट एक तरह के कंप्यूटर नेटवर्क हवे जेह में बहुत भारी संख्या में बिबिध प्रकार के कंप्यूटर यंत्र आपस में जुड़ल बाने।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]