Jump to content

फाइल शेयरिंग

विकिपीडिया से


फ़ाइल शेयरिंग (file sharing) एक ठो अइसन काम हवे जेकरे जरिये दुसरे लोगन तक ले डिजिटल मीडिया उपलब्ध करावल जाला चाहे बाँटल जाला। अइसन डिजिटल मीडिया में कंप्यूटर प्रोग्राम, मल्टीमीडिया (आडियो, इमेज आ बीडियो), डाकुमेंट आ ई-बुक सभ शामिल बाड़ें। स्टोर करे, ट्रांसमिट करे आ बितरण में सभसे कॉमन तरीका सभ बाड़ें: रिमूवेबल मीडिया, सेंट्रलाइज्ड सर्वर सभ, इंटरनेट आधारित हाइपरलिंक वाला डाकुमेंट आ पियर-टू-पीयर नेट्वर्किंग।

फ़ाइल साझा करे वाली टेक्नॉलजी, जइसे कि बिटटोरेंट, आधुनिक जमाना के मीडिया पाइरेसी के अभिन्न अंग बन चुकल बाड़ें; अइसने हालत एकेडमिक डेटा आ अउरी फिरी कंटेंट खातिर भी बाटे।