डॉ॰ राजेंद्र प्रसाद केंद्रीय कृषि विश्वविद्यालय भारतीय राज्य बिहार के समस्तीपुर में एगो खेती-किसानी के पढ़ाई आ एह से जुड़ल रिसर्च करे वाला विश्वविद्यालय बाटे। एकर अस्थापना साल 1905 में एग्रीकल्चरल रिसर्च इंस्टीट्यूट एंड कॉलेज के नाँव से भइल आ 1970 में एकर नाँव भारत के पहिला राष्ट्रपति राजेंद्र प्रसाद के नाँव पर रखाइल।