आर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय भारतीय राज्य बिहार के राजधानी पटना में एगो राज्य विश्वविद्यालय बा।[2] एकर स्थापना 2010 में भइल आ अभिन (2015) ले एकर अलग से भवन नइखे[3] आ ई चाणक्य नेशनल लॉ कालेज के कैंपस से आपन कामकाज चला रहल बा। एकर स्थापना सरकार के आर्यभट्ट ज्ञान विश्वविद्यालय एक्ट, 2008 की तहत भइल।[4]