भूपरिवेष्ठित राष्ट्र

भू-परिवेष्ठित राष्ट्र या स्थल रुद्ध राष्ट्र उ राष्ट्र के कहल जाला जवना देश के सिमा चारो ओर से कउनो न कउनो देश से घेराइल होखे अर्थात कहे के माने ह की उ देश के सिमा कहीं से भी कउनो खुला समुन्दर के तट से न लागल होखे। कुछ राष्ट्र बाड़ें जवन दुई गो देश से घेराइल बाड़ें त कउनो देश अधिक देशन से घेराइल बाड़ें। कुछ देशन के सिमा समुन्दर से लागल बा फिर भी भू-परिवेष्ठित बा काहे की उ देश जवना समुन्दर से घेराइल बा उ समुन्दर खुला समुन्दर नइखे।
निचे कुछ भू परेवेष्ठित देशन के देखीं
भू-परिवेष्ठित राष्ट्र के प्रकार
[संपादन करीं]भू-परिवेष्ठित राष्ट्र हो सकत बा एकही देश से चारो ओर से घेराईल होखे (अगर समुन्दर बा त उहो घेराईल होखे) या दुई गो देश से घेराईल होखे या अधिक देशन से घेराईल होखे। जवन भू-परिवेष्ठित देश चारो ओर से कउनो दूसर भू-परिवेष्ठित देश (एक या अधिक) से घेराईल होखे त ओईसन देश के दोहरा भू-परिवेष्ठित देश कहल जाला।
एक देश से घेराइल देश कुल
[संपादन करीं]तीनगो देश कुल बाड़ें जवन एकही देश से चारो ओर से घेराईल बाड़ें।
लिसोथो, चारो ओर से दक्षिण अफ्रिका से घेराईल बा।
सैन मरीनो, चारो ओर से इटली से घेराईल बा।
वेटिकन सिटी, चारो ओर से रोम से घेराईल बा।, आ ओकरी बाद चारो ओर इटली बा।
दुई देश से घेराइल देश कुल
[संपादन करीं]सातगो देश कुल बाड़ें जवन मात्र दूईये गो देश से चारो ओर से घेराईल बाड़ें:
अंडोरा (फ्रांस अउर स्पेन के बीच में)
भूटान (भारत अउर चीन के बीच में)
एस्वातीनी (दक्षिण अफ्रीका अउर मोजाम्बिक के बीच में)
लिसेंसटीन (स्विट्जरलैंड अउर ऑस्ट्रिया के बीच में दोहरा भूपरिवेष्ठित राष्ट्र)
मॉल्डोवा (यूक्रेन अउर रोमानिया के बीच में)
मंगोलिया (रुस अउर चीन के बीच में)
नेपाल (भारत अउर चीन के बीच में)
इ लिस्ट में दूई गो अउर देश के जोड़ल जा सकत बा जेवना के अंतराष्ट्रिय तौर पर देश के मान्यता नईखे अथवा थोड़ा मात्रा में मान्यता प्राप्त बा।:
दक्षिण ओसेटिया (रुस अउर जॉर्जिया के बीच में)
ट्रांसनिष्ट्रिया (युक्रेन अउर मोल्दोवा के बीच में)