रोम (अंगरेजी: Rome) यूरोप महादीप के एगो प्रमुख शहर आ इटली देस के राजधानी हवे। रोम राजधानी क्षेत्र के अलग कम्यून (नाँव कम्यूने दि रोमा कैपिताले[नोट 1]) के रूप में प्रशासन बेवस्था बा आ ई इटली के लाजियो क्षेत्र के राजधानी के रूप में भी हऽ। अपना 2,874,558 निवासी लोग के साथ 1,285 किमी2 (496.1 वर्ग मील) इलाका वाला,[1] ई कम्यून इटली के सभसे घन आ सभसे ढेर आबादी वाला कम्यून भी हवे। ई यूरोपियन यूनियन के देस सभ में चउथा सभसे बड़ शहर हवे। ई शहर मेट्रोपॉलिटन रोम के बीचोबीच वाला हिस्सा हवे आ अगर पूरा मेट्रो रोम के हिसाब में लिहल जाव तब एकर जनसंख्या करीबन 4.3 मिलियन (43 लाख) बाटे।[2] रोम के लोकेशन इटली प्रायदीप के बिचला-पच्छिमी प्रांत के हिस्सा बा आ लाजियो के भीतर, टाइबर नदी के किनारे बसल बा। अउरी खास बात ईहो बा कि एह शहर के भितरें ईसाई धरम के केंद्र वेटिकन सिटी भी मौजूद बा जे अलगा राज्य के दर्जा वाला देस मानल जाला। एही कारण कबो-कबो रोम के दू गो देस सभ के राजधानी भी कहल जाला।[3][4]