Jump to content

बिसौरी

विकिपीडिया से
बिसौरी
Bisauri
गांव
Nickname: 
बिसौरी
बिसौरी is located in Uttar Pradesh
बिसौरी
बिसौरी
Location in Jaunpur, Uttar Pradesh, India
बिसौरी is located in India
बिसौरी
बिसौरी
बिसौरी (India)
Coordinates: 25°35′22″N 83°04′04″E / 25.5895125°N 83.0678362°E / 25.5895125; 83.0678362निर्देशांक: 25°35′22″N 83°04′04″E / 25.5895125°N 83.0678362°E / 25.5895125; 83.0678362
देश भारत
राज्यउत्तर प्रदेश
जिलाजौनपुर
तहसीलकेराकत
ब्लॉकडोभी
Government
 • Typeग्राम पंचायत / विधान सभा
 • Bodyग्राम प्रधान
Population
 (2011)
 • Total939
भाषा
Time zoneUTC+5:30 (आईएसटी)
पिन कोड
Vehicle registrationUP 62
Websitehttp://jaunpur.nic.in/

बिसौरी उत्तरी भारत में जौनपुर जिला क एक गांव बा, जेकर आबादी लगभग 1000 हव। बिसौरी वाराणसी डिवीजन अउर जौनपुर जिला प्रशासन के अंतर्गत आवेला। ई जौनपुर शहर से 49 किमी पूरब, और उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ से 306 किमी के दूरी पर स्थित बा। बिसौरी क पोस्टल इंडेक्स नंबर 222129 ह अउर पोस्ट  ऑफिस पतरहीं ह अउर प्रधान डाक कार्यालय शहर में स्थित हव। बिसौरी एक ग्राम पंचायत हवे, ए पंचायत में दू गो गांव बा जवना में पहिला गांव बिसौरी तथा दुसरका गांव तिवारीपुर हव।

बिसौरी के बारे में

[संपादन करीं]

बिसौरी एक छोट सा गांव ह, जनगणना के अनुसार बिसौरी गांव में करीब 159 घर ह। केराकत इहवाँ से सबसे नजदीकी कस्बा ह। वाराणसी  अउर जौनपुर सबसे निकट के शहर हव।

उच्च शिक्षा

[संपादन करीं]

बिसौरी से नजदीक दू गो कॉलेज हव - आदर्श इंटर कॉलेज, रेहारी अउर श्री गणेश राय पोस्ट ग्रेजुएट कॉलेज (SGRPGC) डोभी, केराकत, जौनपुर।

  • प्राथमिक विद्यालय, बिसौरी
  • उच्चतर माध्यमिक विद्यालय, बिसौरी

दुधौंडा रेलवे स्टेशन, डोभी रेलवे स्टेशन अउर केराकत रेलवे स्टेशन ई कुछ छोट रेलवे स्टेशन बा जउन बिसौरी से नजदीक रेलवे स्टेशन ह, जउन कि पूर्वोत्तर रेलवे के अंतर्गत आवेला। डोभी स्टेशन पर कई बड़ शहरन के जाए वाला  ट्रेन रुकेला जइसे  मुंबई, दिल्ली तथा कई गो दूसर  शहर केे लिये भी।

जिला मुख्यालय जौनपुर अउर बिसौरी के बीच ड्राइविंग दूरी 49 किमी बा। बिसौरी सड़क मार्ग द्वारा वाराणसी, आजमगढ़, गाजीपुर अउर  उत्तर प्रदेश के अन्य शहरों से भी अच्छी तरह से जुड़ल बा।

बिसौरी से नजदीकी प्रमुख हवाई - अड्डा लाल बहादुर शास्त्री हवाई अड्डा, बाबतपुर, वाराणसी ह। जवन कि सड़क मार्ग से 45 किमी ह। दूसरका नजदीकी हवाई अड्डा आज़मगढ़ हवाईअड्डा ह।

त्योहार

[संपादन करीं]

दुर्गा पूजा, होली, दशहरा, दीवाली, रक्षाबंधन, छठ पूजा प्रमुख त्योहार ह।

ऐतिहासिक स्थान अउर जगह

[संपादन करीं]
  • मां काली व भगवान शंकर मंदिर
  • मरी माई मंदिर
  • ईडन गार्डन (बिसौरी खेल मैदान)


आस-पास क गांव

[संपादन करीं]
  • अटहरपार
  • बोदरी
  • चिटकों
  • चांदपुर
  • घुटठा
  • हिसामपुर
  • कोपा
  • कृष्णा नगर
  • मढ़ी
  • पतरहीं
  • रहारी
  • तिवारीपुर

निर्वाचन क्षेत्र

[संपादन करीं]

इहवाँ एक लोकसभा के अउर एक राज्य सभा के निर्वाचन क्षेत्र आवेला-

  • 1 मछलीशहर (लोकसभा निर्वाचन क्षेत्र)
  • 2 केराकत (विधान सभा निर्वाचन क्षेत्र)

जनसांख्यिकीय

[संपादन करीं]

2011 की जनगणना भारत,[1] के अनुसार बिसौरी गांव के आबादी 939 ह, जेकरा में से 452 पुरुष अउर महिला हइं।




  1. "Census of India 2011: Data from the 2011 Census, including cities, villages and towns (Provisional)". Census Commission of India. Archived from the original on 2004-06-16. Retrieved 2008-11-01.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]

http://www.onefivenine.com/village.dont?method=displayVillage&villageId=193554

[[श्रेणी: ]]