पबजी

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
PlayerUnknown's Battlegrounds
डेवलपर पबजी कार्पोरेशन[नोट 1]
पब्लिशर
डाइरेक्टर
  • ब्रेंडन ग्रीन
  • ताए-सियोक जांग
प्रोड्यूसर चंग-हान किम
डिजाइनर ब्रेंडन ग्रीन
आर्टिस्ट ताए-सियोक जांग
कंपोजर टॉम साल्टा
गेम इंजन अनरीयल इंजन 4
प्लेटफार्म
रिलीज
जेनरे बैटल रोयाल
मोड मल्टीप्लेयर

प्लेयरअननोन्स बैटलग्राउंड्स (अंगरेजी: PlayerUnknown's Battlegrounds) जे पबजी (PUBG) के नाँव से ढेर जानल जाला, एगो ऑनलाइन, मल्टीप्लेयर, बैटल रोयाल बीडियो गेम हवे जे कंप्यूटर, प्लेस्टेशन आ मोबाइल फोन (एंड्राइड आ आइओएस) पर खेलल जाला। एकर प्रकाशन (पब्लिशिंग) पबजी कार्पोरेशन द्वारा कइल जा रहल बा जे दक्खिनी कोरिया के कंपनी ब्लूहोल के सब्सिडरी कंपनी हवे। गेम के मूल रूप से बनावे वाला ब्रैंडन "प्लेयरअननोन" ग्रीन हवें। एह गेम के बनावे के प्रेरणा उनका के 2000 के जापानी फिलिम बैटल रोयाल से मिलल आ ऊ एकरा के अलग से स्टैंडअलोन गेम के रूप में बिकसित कइलें।

ई ऑनलाइन गेम हवे जे में एगो दीप पर 100 खेलाडी एक साथ पैराशूट से कूदे लें आ बैटल रोयाल गेम के आम तरीका के तरे हथियार आ उपयोगी चीज हासिल क के एक दुसरे के मारे के कोसिस करे लें; आखिरी जिंदा बचे वाला ब्यक्ति या टीम के बिजयी घोषित कइल जाला।

गेम के पहिला रिलीज मार्च 2017 में माइक्रोसॉफ्ट विंडोस़ खातिर भइल जबकि ऍक्सबाक्स खातिर आ मोबाइल खातिर ई 2018 में रिलीज भइल। भारत, नेपाल आ ईराक नियर कई देस सभ में एह गेम पर प्रतिबंध भी लाग चुकल बा जेकर आधार एह गेम के खतरनाक आ नोकसानदेह होखल आ आदती हो जाए वाला होखल बतावल गइल रहे।

नोट[संपादन]

  1. LightSpeed & Quantum Studio, an internal division of Tencent Games, developed the Android and iOS versions of the game.

संदर्भ[संपादन]

बाहरी कड़ी[संपादन]