पैराशूट

विकिपीडिया से
एगो सैन्य अभ्यास के दौरान फाइटर हवाई जहाज से कूद रहल पैराट्रूपर लोग।

पैराशूट (अंग्रेजी: parachute) एगो अइसन जुगति चाहे डिवाइस होला जे वायुमंडल में नीचे के ओर गिर रहल चीज के बेग के मद्धिम क देला जवना से कि ऊ चीज चाहे ब्यक्ति जमीन पर बहुत हरका से न गिरे आ एकरा चलते गिरे से होखे वाला नोकसान से बचाव हो जाला। वायुमंडल में ऊँचाई से जंप करे वाला ई जोगाड़ मनोरंजन खाती इस्तेमाल होखे ला आ हवाई उड़ान भरे वाला लोग सेफ्टी खाती एह जोगाड़ के इस्तेमाल क सके ला। एकरे अलावा एकर ब्यापक इस्तेमाल मलेटरी द्वारा सैनिक आ कमांडो उतारे में कइल जाला; दुश्मन के क्षेत्र के भीतर जा के हमला करे खातिर। दुसरा बिस्व जुद्ध में पैराशूट से सैनिक उतारल बहुत आम चलन रहे जेह में दुश्मन के मोर्चा के बहुत पाछे भीतर के ओर सैनिक कुदा के उतारल जायँ।

पैराशूट आमतौर प हल्लुक आ मजबूत कपड़ा चाहे कपड़ा नियर चीज (फैब्रिक) के बनल होला। शुरुआती दौर में इनहन के रेशम (सिल्क) से बनावल जाय। वर्तमान समय में सभसे आम फैब्रिक लइलून (नायलोन) बाटे। पैराशूट के छतरी के सभसे आम आकृती गुंबज नियन होला; हालाँकि, ई चौकोर, अंडाकार चाहे उल्टा गुंबद के आकृती के भी हो सके ला।

पैराशूट से बिबिध किसिम के भार उतारल जा सके लें, आदमी, खाना, औजार, हथियार, स्पेस-कैप्सूल आ बम एह सभ में शामिल बाड़ें।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

ग्रंथ सूची[संपादन करीं]

  • White, Lynn (July 1968). "The Invention of the Parachute". Technology and Culture. 9 (3): 462–467. doi:10.2307/3101655. JSTOR 3101655. S2CID 111425847.

अउरी पढ़े खातिर[संपादन करीं]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]