बैटल रोयाल गेम
Jump to navigation
Jump to search
बैटल रोयाल बीडियोगेम सभ के एगो बिधा (जेनरे) हवे। एह गेम सभ में कई खेलाड़ी एक साथ एक दुसरे के खिलाफ खेले लें आ जिंदा बचल रहे (सर्वाइवल), खोज, साम्हने वाला के मारल (शूट कइल) इत्यादि खेल के हिस्सा होलें। खेल के सुरुआत में खेलाड़ी लोग के लगे बहुत कम या कुच्छू ना होखे ला आ हथियार आ औजार सभ खोजे के पड़े ला। अंतिम जिंदा बचे वाला ब्यक्ति भा टीम बिजयी होले। एगो अउरी खासियत प्लेजोन बाटे जेकरे चलते खेल के एक्टिव इलाका छोट होखत जाला जवना से कि लड़रहल खेलाड़ी लोग के आमना-सामना हो सके।
एह किसिम के गेम सभ के ई नाँव जापानी फिलिम बैटल रोयाल के नाँव पर पड़ल जे साल 2000 में आइल रहल आ अइसने कांसेप्ट पर आधारित कहानी रहल। वर्तमान में पबजी नियर कई गो बैटल रोयाल गेम बहुत पापुलर बाड़ें।
इहो देखल जाय[संपादन]
- पबजी (प्लेयरअननोन्स बैटलग्राउंड्स)
![]() | ई वीडियोगेम संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |