बैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया

विकिपीडिया से
बैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया
डेवलपरक्राफ्टोन
पब्लिशरक्राफ्टोन
गेम इंजनअनरियल इंजन 4
प्लेटफार्मएंड्रॉइड
रिलीज2 जुलाई 2021 (एंड्रॉइड)
जेनरेबैटल गेम
मोडमल्टीप्लेयर

बैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया (Battlegrounds Mobile India) चाहे संछेप में बिग्मी (BGMI)[1], जेकरा पहिले पबजी मोबाइल इंडिया (PUBG Mobile India[2]) के नाँव जानल जात रहे, एगो ऑनलाइन मल्टीप्लेयर बैटल रोयाल गेम वीडियोगेम बाटे जे भारत खातिर क्राफ्टोन द्वारा प्रकाशित कइल गइल बाटे।[3][4] ई गेम खास भारत के प्रयोगकर्ता लोगन खातिर बाटे।[5][6][7][8]

6 मई 2021 के गेम के घोषणा कइल गइल।[9][10] एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोग खातिर एह गेम के प्री-रजिस्ट्रेशन के शुरुआत 18 मई 2021 से भइल[11][12] आ सुरुआती एक्सेस वाला बीटा वर्शन 17 जून 2021 के खाली एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोगन खातिर रिलीज कइल गइल।[13][14] गेम 2 जुलाई 2021 के एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोगन खातिर रिलीज क दिहल गइल।[15] हालाँकि, अइसन रपट बा कि क्राफ्टोन एकर आइओएस (iOS) वर्शन जल्दिये रिलीज करे वाला बाटे।[16][17][18]

इतिहास[संपादन करीं]

2 सितंबर 2020[19] के भारत सरकार के इलेक्ट्रानिक्स आ इन्फार्मेशन टेक्नालजी मंत्रालय भारत में पबजी मोबाइल के अउरी 117 गो[20] चाइनीज एप सभ के ऊपर रोक लगा दिहलस। एकरा खातिर ई तर्क दिहल गइल की चाइनीज एप सभ अइसन काम में लागल बाड़ें जे भारत के संप्रभुता खातिर खतरा हो सके ला, पब्लिक ऑर्डर के नोकसान पहुँचावे वाला हो सके ला[20] आ ई रोक इन्फार्मेशन टेक्नालजी एक्ट के धारा 69ए के तहत लगावल गइल।[21] 2020 के नवंबर में कुछ अइसन खबर आइल की पबजी (PUBG) भारत खातिर नया नाँव पबजी मोबाइल इंडिया के नाँव से आवे वाला बाटे।[22] 24 नवंबर 2020 के एगो समाचार दि टाइम्स ऑफ़ इंडिया में छपल जेह में ई रिपोट कइल गइल रहल कि पबजी कार्पोरेशन आ दक्खिन कोरियाई बीडियोगेम कंपनी क्राफ्टोन इंक. पबजी इंडिया प्राइवेट लि. के नाँव से रजिस्ट्रेशन करा रहल बाड़ीं[23] जे भारत सरकार के कार्पोरेट मामिला के मंत्रालय के अधीन करावल जा रहल बा जवना से कि पबजी मोबाइल इंडिया के दोबारा लांच कइल जा सके।[24]

मई 2021 में अइसन पता लागल की भारत के गेमिंग बजार में घुसे खातिर पबजी मोबाइल अपना के बैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया के नाँव से री-ब्रांड क रहल बाटे।[25] एकरे बाद, 7 मई 2021 के दि इंडियन एक्सप्रेस अखबार ई रिपोट कइलस की क्राफ्टोन एगो प्रेस रिलीज में ई कन्फर्म कइले बा की ऊ भारत में पबजी के नियन गेम बैटलग्राउंड्स मोबाइल इंडिया के नाँव से उतारे जा रहल बाटे।[26]

डेटा प्राइवेसी के उलंघन मामिला[संपादन करीं]

एकदम सुरुआती एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोगन भइल रिलीज में, 21 जून 2021 के आइजीएन इंडिया (आइजीएन इंडिया) पहिली बेर ई रपट कइलस कि प्रयोगकर्ता लोगन के एंड्रॉइड डिवाइस सभ के डेटा चीन में मौजूद टेंसेंट के मलिकाई वाला सर्वर पर भेजल जा रहल बा।[27] दि टाइम्स ऑफ़ इंडिया के रिपोट रहल कि एकरा पाछे एगो कारण ई हो सकेला की क्राफ्टोन प्रयोगकर्ता लोगन के दिसंबर 2021 तक ले खातिर ई एलाऊ क रहल बा कि लोग आपन पबजी वाला गेम डेटा के बीजीएमआइ (BGMI) पर ट्रांसफर क सकत बाटे।[28]

एह डेटा सझियाई के उलंघन के रिपोट के बाद क्राफ्टोन एगो छोटहन इन-गेम अपडेट 22 जून 2021 के रिलीज कइलस[29] जवना से की चीन में मौजूद सर्वर पर डेटा सझिया करे के समस्या के फिक्स कइल जा सके।[30] हालाँकि, इहो रिपोट कइल गइल की गेम चीन में मौजूद सर्वर सभ के पिंग क सके ला अगर प्रयोगकर्ता आपन एप्लीकेशन डेटा डिलीट करे लोग।[30][29]

रिलीज[संपादन करीं]

6 मई 2021 के गेम के घोषणा कइल गइल।[9][10] एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोग खातिर एह गेम के प्री-रजिस्ट्रेशन के शुरुआत 18 मई 2021 से भइल[11][12] आ सुरुआती एक्सेस वाला बीटा वर्शन 17 जून 2021 के खाली एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोगन खातिर रिलीज कइल गइल।[13][14] गेम 2 जुलाई 2021 के एंड्रॉइड प्रयोगकर्ता लोगन खातिर रिलीज क दिहल गइल।[15] हालाँकि, अइसन रपट बा कि क्राफ्टोन एकर आइओएस (iOS) वर्शन जल्दिये रिलीज करे वाला बाटे।[16][17][18]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Battlegrounds Mobile India launch: Get BGMI Early Access file; also check APK+OBB download links". ज़ी बिजनेस. 19 मई 2021. Retrieved 21 मई 2021.
  2. Singh Arora, Karanveer (21 November 2020). "PUBG Mobile India relaunch: Reactions from the gaming community". दि इंडियन एक्सप्रेस. Retrieved 21 मई 2021.
  3. "Battlegrounds Mobile India launch: BIG blow to PUBG Mobile India fans". Retrieved 4 जुलाई 2021.
  4. "इंतजार खत्म: Battlegrounds Mobile India भारत में हुआ लॉन्च, अब प्ले-स्टोर से कर सकते हैं डाउनलोड". अमर उजाला (हिंदी में). Retrieved 4 जुलाई 2021.
  5. "PUBG Mobile officially renamed as Battlegrounds Mobile India, website goes live". दि टाइम्स ऑफ़ इंडिया. 6 मई 2021. Retrieved 30 जून 2021.
  6. "Battlegrounds Mobile India will replace PUBG Mobile in India, KRAFTON officially unveils the logo". फस्टपोस्ट. 6 मई 2021. Retrieved 18 जून 2021.
  7. "PUBG Mobile's parent company announces launch of Battlegrounds Mobile India". बिजनेस टुडे. 6 मई 2021. Retrieved 18 जून 2021.
  8. "Krafton announces PUBG Mobile to return as 'Battlegrounds Mobile India'; registrations to open soon". दि इंडियन एक्सप्रेस. 7 मई 2021. Retrieved 18 जून 2021.
  9. 9.0 9.1 "Wait over? PUBG Mobile India aka Battlegrounds Mobile India may arrive as early as this month". इंडिया टुडे. 6 मई 2021. Retrieved 18 जून 2021.
  10. 10.0 10.1 "Krafton announces launch of Battlegrounds Mobile India, logo revealed". 6 मई 2021. Retrieved 18 जून 2021.
  11. 11.0 11.1 "Battlegrounds Mobile India is now open for pre-registration on Google Play Store". फस्टपोस्ट. 18 मई 2021. Retrieved 18 जून 2021.
  12. 12.0 12.1 "Battlegrounds Mobile India pre-registration to begin TODAY: Things to know". डीएनए इंडिया. 18 मई 2021. Retrieved 18 जून 2021.
  13. 13.0 13.1 "Battleground Mobile India Beta version released: Here's how you can get early access". रिपब्लिक वल्ड. 17 जून 2021. Retrieved 18 जून 2021.
  14. 14.0 14.1 "Battlegrounds Mobile India now available to download as early access on Google Play". इंडिया टुडे. 17 जून 2021. Retrieved 18 जून 2021.
  15. 15.0 15.1 "Battlegrounds Mobile India officially launched in India: Launch details, in-game content, free rewards and more". दि टाइम्स ऑफ़ इंडिया. 2 July 2021. Retrieved 2 July 2021.
  16. 16.0 16.1 "Battlegrounds Mobile India release date, new teaser, features, iOS app - Latest updates". डीएनए इंडिया. 17 जून 2021. Retrieved 22 जून 2021.
  17. 17.0 17.1 "When will iOS version of Battlegrounds Mobile India release? Check everything you need to know about BGMI's early access on Android devices". ज़ी बिजनेस. 21 जून 2021. Retrieved 22 जून 2021.
  18. 18.0 18.1 "Battlegrounds Mobile India iOS release date hints and rumors: Everything you need to know". स्पोर्ट्सतड़का. 21 जून 2021. Retrieved 22 जून 2021.
  19. "PUBG Ban: PUBG Mobile is Still Working in India After Ministry Bans The Game". India.com News. 7 September 2020. Retrieved 21 जून 2021.
  20. 20.0 20.1 "PUBG Mobile, 117 Chinese apps banned in India: Check the full list". दि इंडियन एक्सप्रेस. 5 सितंबर 2020. Retrieved 21 जून 2021.
  21. BHUSHAN, KUL (3 सितंबर 2020). "PUBG Mobile ban: Here's why the Indian government blocked the game". HT Tech. Retrieved 21 जून 2021.
  22. "PUBG Mobile coming back to India: Here's everything you need to know". दि इंडियन एक्सप्रेस. 12 November 2020. Retrieved 21 जून 2021.
  23. "PUBG India is now a registered company in India; do pre-registration to download PUBG mobile this way". जी बिजनेस. 24 नवंबर 2020. Retrieved 21 जून 2021.
  24. Sarkar, Debashis (24 नवंबर 2020). "Government approves PUBG India company registration; PUBG Mobile game to relaunch soon". दि टाइम्स ऑफ़ इंडिया. Retrieved 21 जून 2021.
  25. Dogra, Sarthak (5 मई 2021). "PUBG Mobile may return as Battlegrounds Mobile India, here is what to expect". इंडिया टुडे. Retrieved 21 जून 2021.
  26. "Krafton announces PUBG Mobile to return as 'Battlegrounds Mobile India'; registrations to open soon". दि इंडियन एक्सप्रेस. 7 मई 2021. Retrieved 21 जून 2021.
  27. Alwani, Rishi (21 जून 2021). "Battlegrounds Mobile India Android Data Sent to China Server [UPDATE]". आइजीएन इंडिया. Retrieved 23 जून 2021.
  28. "Battlegrounds Mobile India found sharing data with Chinese servers". दि टाइम्स ऑफ़ इंडिया. 21 जून 2021. Retrieved 23 जून 2021.
  29. 29.0 29.1 Alwani, Rishi (22 जून 2021). "Battlegrounds Mobile India Update Fixes China Server Data Sharing". IGN. Retrieved 23 जून 2021.
  30. 30.0 30.1 "Battlegrounds Mobile India is now 'safe' to play: Report". दि टाइम्स ऑफ़ इंडिया. 22 जून 2021. Retrieved 23 जून 2021.