विकिपीडिया सभे विषयन पर प्रामाणिक अउर उपयोगी ज्ञानकोश बनावे खातिर एगो बहुभाषिक (बिभिन्न भाषा में उपलब्ध) प्रकल्प ह। इ सम्भावित रुप से निष्पक्ष दृष्टिकोण वाली सूचना प्रसारित करे खातिर संकल्पकृत बाटे। सबसे पहिले अंग्रेज़ी विकिपीडिया जनवरी 2001 में शुरू करल गईल, अउर भोजपुरी विकिपीडिया के भी शुरूआत अप्रिल 2007 में हो गईल। मदद पन्ना पर जाईं आ मदद खातिर देखीं। टेस्टपन्ना में प्रयोग करके देखीं कि आप खुदे कउनो लेख के कइसे बदल सकत बानी। यदि कउनो सवाल बा त सवाल पन्ना पर आपन सवाल रखीं। चौपाल पर सलाह-मशवरा होखे।
विकिपीडियाइंटरनेट आधारित एक मुक्त ज्ञानकोष परियोजना ह। ई विकि के रुप मेँ बा, यानी एगो अईसन जाल पृष्ठ जे सभन के संपादन करे के छूट देवेला। विकिपीडिया शब्द विकि अउर इनसाइक्लोपीडिया (ज्ञानकोष) शब्दन के मिला के बनल बा। विकिपीडिया एक बहुभाषीय प्रकल्प ह, अउर स्वयंसेवकन के सहकार से निर्मित बा, जेहु के भी इंटरनेट तक पहुँच बा ऊ विकिपीडिया पर लिख सकत बा अउर लेखन के संपादन कर सकत बा। विकिपीडिया के मुख्य सर्वर टैम्पा, फ्लोरीडा में बा, अतिरिक्त सर्वर एम्सटर्डम अउर सियोल में बा।
निपुण लोगन द्वारा बनावल गईल ज्ञानकोष न्यूपीडिया के पूरक के रूप में २९ जनवरी, २००१ मेँ ई का शुरुआत भईल। अब ई विकिमीडिया फाउन्डेशन द्वारा संचालित बा जे एक गैर-लाभकारी संस्था ह। 2006 के मध्य में ई मेँ 46 लाख से भी ज्यादा लेख रहल, खाली अंग्रेज़ी भाषा में ही 12 लाख से भी ज्यादा लेख रहल। ई 200 से भी ज्यादा भषवन में बा, जे मेँ से 15 भषवन में 50 हज़ार से भी ज्यादा लेख बा। विस्तार से पढी...
चुनल गइल लेख
इलाहाबादभारत देश की उत्तर प्रदेश राज्य में गंगा, यमुना अउरी पौराणिक सरस्वती की संगम पर बसल एगो दसलाखी शहर बा आ ई इलाहाबाद जिला क मुख्यालय हउए। एकर प्राचीन नाँव प्रयाग हवे आ ई हिंदू धर्म क एगो बहुत महत्वपूर्ण तीरथ अस्थान हवे। हर बारिस इहाँ माघ की महीना में माघ मेला लागेला आ हर बारहवाँ बारिस कुंभ मेला आ हर कुंभ की छह साल बाद अर्धकुंभ मेला लागेला। कुंभ मेला विश्व क सबसे बड़हन मेला हवे।
इलाहाबाद में इलाहाबाद विश्वविद्यालय एगो विश्वप्रसिद्द इन्वरसिटी बा जेवन ए शहर के शिक्षा की क्षेत्र में बहुते ऊँच अस्थान दिहले बा। इलाहाबाद विश्वविद्यालय के 'पूरुब क आक्सफोर्ड' कहल जाला। एकरी आलावा इहँवा इलाहाबाद हाइकोर्ट बा जेवन उत्तर प्रदेश के हाइकोर्ट हवे। ए॰ जी॰ आफिस आ मिलिट्री पेंशन के आफिस भी इहाँ बा जेवना से ए शहर क महत्व बढ़ी जाला। विस्तार से पढ़ीं...
...कि कंबोडिया में मौजूद अंकोर वाट, एगो बिष्णु के समर्पित मंदिर, बिस्व के सभसे बड़ धार्मिक अस्थान बाटे; ई करीब १६० हेक्टेयर क्षेत्र में बिस्तार लिहले बाटे।
...कि बिहिरी (फोटो में देखावल), बाज के एगो प्रजाति हवे, जवन दुनिया के सभसे तेज जानवर हवे। शिकार पकड़े के समय गोता लगावत घरी एकर रफ़्तार ३२० किलोमीटर/घंटा से ढेर होले।
लेसर सैंड प्लोवर (Charadrius mongolus) एक ठो छोट पनिहा चिरई बा जे प्लोवर परिवार में आवेले। ई एगो बहुत ढेर प्रवास करे वाली चिरई प्रजाति बाटे जौन छोट छोट किरौना सभ के पानी के किनारे के नम जमीन से बीन के खाले।