शिंजो आबे

विकिपीडिया से
Shinzo Abe
安倍 晋三
Official portrait, 2020
जापान के प्रधानमंत्री
कार्यकाल
26 दिसंबर 2012 – 16 सितंबर 2020
निजी जानकारी
जनम安倍晋三 (Abe Shinzō?)
(1954-09-21)21 सितंबर 1954
शिन्जुकु, टोकियो, जापान
निधन8 जुलाई 2022(2022-07-08) (उमिर 67)
नारा प्रान्त, जापान
राजनीतिक पार्टीलिबरल डेमोक्रेटिक पार्टी
जीवनसाथी
आकी आबे (बि. 1987)
महतारीयोको आबे
पिताशिनतारो आबे
महतारी संस्था
दस्खत

शिंजो अबे (21 सितंबर 1954 – 8 जुलाई 2022) एगो जापानी राजनीतिक नेता रहलें। ऊ 2006 से 2007 आ फेरू 2012 से 2020 ले जापान के प्रधानमंत्री रहलें।अबे 1996 से जापान के हाउस ऑफ़ रिप्रेजेंटेटिव के सदस्य रहलें। उ लिबरल डेमोक्रेटिक पार्टी के सदस्य रहलें।

प्रधानमंत्री के रूप में[संपादन करीं]

ऊ 2006 में जुनिचिरो कोइजुमी के बाद, जापान के 90वाँ प्रधानमंत्री, बनलें।[1] हालाँकि, ऊ एक साल बाद 12 सितंबर 2007 के पद छोड़ दिहलें।[2][3] इनके कार्यकाल खतम करे के बतावल कारण अफगानिस्तान में जापान के मिशन खातिर समर्थन के कमी रहल।[4] हालांकि, उ पछिला कुछ महीना से कई गो संकट में भी शामिल रहले।

साल 2012 में उनुका के एक बेर फेरू पार्टी के नेता बनावल गइल अउरी उनुकर पार्टी दिसंबर 2012 में भइल चुनाव में भारी अंतर से जीत गइल। एह से ऊ प्रधानमंत्री के रूप में वापस सत्ता में आ गइलें।[5] साल 2019 में ऊ जापान के सभसे ढेर समय ले प्रधानमंत्री रहलें।[6] इनके आर्थिक नीति सभ के एबेनोमिक्स के नाँव से जानल जाला।

28 अगस्त 2020 के अबे अल्सर कोलाइटिस के साथ खराब स्वास्थ्य के कारण प्रधानमंत्री पद से इस्तीफा देवे के योजना के घोषणा कइलें।[7] इनके जगह 16 सितंबर 2020 के योशिहिदे सुगा के रखल गइल।

निजी जिनगी[संपादन करीं]

इनके जनम टोक्यो के शिंजुकु में भइल रहे, बाकी इनके क्षेत्र यामागुची प्रान्त में बा। ई उनकर पिता शिंतारो अबे से विरासत में मिलल रहे। उनकर दादा प्रधानमंत्री नोबुसुके किशी रहले। 1987 में इनके बियाह अकी अबे से भइल।

हत्या[संपादन करीं]

8 जुलाई 2022 के जापान के नारा में भाषण देत घरी अबे के गर्दन आ छाती में गोली लागल रहे।[8] शूटर नारा के रहे वाला 41 साल के आदमी तेत्सुया यामागामी रहलें।[9] अबे खून बहत घरी स्टेज पर गिर गइलें आ कार्डियोपल्मोनरी अरेस्ट हो गइल।[9][10] एकरे बाद दिल के बिफलता के साथ जल्दी से अस्पताल में भरती हो गइलें आ इनके कौनों "जियतार रहे के संकेत" ना लउकल।[11][12]

शाम 5:03 बजे जेएसटी के खबर बाहर आइल कि उनुकर मौत हो गइल बा। डाक्टर लोग के कहनाम रहे कि बहुत ढेर खून के कमी के कारण इनके मौत हो गइल रहे आ गोली एतना गहिराई में घुस गइल रहे कि इनके दिल में घुस गइल रहे।[13]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Abe elected as new Japan premier", BBC News. Shinto Abe Inaugurated as Japanese Prime Minister July 2006. Archived 17 जनवरी 2010 at WebCite
  2. "Embattled Japanese PM stepping down"CBC News. Retrieved 12 September 2007. Archived 16 अप्रैल 2009 at the Wayback Machine
  3. "Japanese prime minister resigns"BBC News. Retrieved 12 September 2007. Archived 28 जुलाई 2011 at the Wayback Machine
  4. "Why Did Prime Minister Abe Shinzo Resign? Crippling Diarrhea" Archived 12 अक्टूबर 2012 at the Wayback Machine, JapanProbe.com, 12 January 2008.
  5. Martin Fackler (2012-12-26). "Ex-Premier Is Chosen to Govern Japan Again". The New York Times. Retrieved 2017-04-06.
  6. Harding, Robin (2019-11-20). "Shinzo Abe becomes Japan's longest serving prime minister". Financial Times (अंग्रेजी में). Retrieved 2019-11-22.
  7. "Japan PM Abe announces his resignation at press conference". Kyodo News. 28 August 2020. Retrieved 28 August 2020.
  8. Japan ex-prime minister Abe taken to hospital after apparent shooting -NHK
  9. Japan's ex-PM Shinzo Abe shot, reportedly in cardiac arrest
  10. "Former Prime Minister Shinzo Abe collapsed, bleeding, during a speech in Nara City. A sound like a gunshot was heard". The Japan News. 8 July 2022. Retrieved 8 July 2022.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)
  11. Ex Japan PM Shot, Shows "No Vital Signs" After Attack: Reports | NDTV 24x7 Live TV (अंग्रेजी में), retrieved 2022-07-08
  12. Japan's former PM Shinzo Abe reportedly shot, is in heart failure
  13. "Shinzo Abe dies after shooting in Japan" (अंग्रेजी में). CNN. 8 July 2022. Retrieved 8 July 2022.