पर्यावरणी शिक्षा

विकिपीडिया से

पर्यावरणी शिक्षा शिक्षा एक एह ठो प्रकार हवे जे अइसन चीज सिखावे पर केंद्रित बा कि मनुष्य अपना पर्यावरण के कइसे बेहतर ढंग से मैनेज क सके ला। ई एह बात के सिखावे के संस्थागत प्रयास हवे कि पर्यावरण के सिस्टम कइसे काम करे ला, मनुष्य द्वारा कइसे परभावित होला, आ मनुष्य के पर्यावरण पर पड़े वाला परभाव आ इनहन से उपजल पर्यावरणी समस्या सभ के कइसे मैनेज कइल जाय।

पर्यावरणी शिक्षा कौनों ख़ास किसिम के बिचारधारा के वकालत ना करे ला बलुक हर ब्यक्ति में खुद के बिबेक आ निर्णयक्षमता पैदा करे के कोसिस करे ला ताकि ऊ पर्यावरण से संबंधित मुद्दा सभ पर बेहतर तरीका से निर्णय ले सके।

परिभाषा[संपादन करीं]

यूनाइटेड नेशंस एन्वायरमेंट प्रोग्राम द्वारा पर्यावरणी शिक्षा के परिभाषा दिहल गइल बा कि,

फोकस[संपादन करीं]

पर्यावरण शिक्षा के अंग के रूप में नीचे दिहल गइल चीज बतावल बा[1]:

  • जागरुकता आ संवेदनशीलता - पर्यावरण आ पर्यावरणी चुनौती सभ के प्रति
  • ज्ञान आ समझ - पर्यावरण आ एकरे चुनौती सभ के
  • दृष्टिकोण आ मोटिवेशन - पर्यावरण गुणवत्ता बढ़ावे खातिर
  • कौशल बिकास - पर्यावरणी चुनौती सभ के पहिचान करे आ समाधान करे खातिर
  • सहभागिता - पर्यावरणी चुनौती के समाधान के ओर आगे बढ़े में साहयक एक्टिविटी सभ में।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 "What is Environmental Education?" (अंग्रेजी में). Retrieved 22 मई 2017. Environmental education is a process that allows individuals to explore environmental issues, engage in problem solving, and take action to improve the environment. As a result, individuals develop a deeper understanding of environmental issues and have the skills to make informed and responsible decisions.