इकोलॉजिकल मानविकी

विकिपीडिया से

इकोलॉजिकल मानविकी या पर्यावरणी मानविकी एक ठो पढ़ाई आ रिसर्च के एक ठो नया बिकसित होखे वाला बिसय हवे जे पर्यावरण से संबंधित कई सारा उपबिसय सभ के आपस में जोड़ के, उनहन के चीज ले के समन्वय बनावे खातिर बा। मानविकी के अंतर्गत अइसन बिसय आवे लें जे प्राकृतिक बिज्ञान भा सामाजिक बिज्ञान सभ के हिस्सा ना हवें, जइसे साहित्य, दर्शनशास्त्र, इतिहास, मानवशास्त्र वगैरह। पर्यावरण के खातिर मानविकी (दर्शन, मानवशास्त्र, इतिहास वगैरह बिसय सभ) में भी उपशाखा सभ के बिकास भइल बा, जिनहन के आपसी समन्वय के काम एह पर्यावरणी मानविकी में नाँव के नई शाखा में हो रहल बा।

बिज्ञान आ मानविकी के बीच में, पच्छिमी पूरबी आ मूलनिवासी लोग के ज्ञान के बीच में पुल के काम करे के इकोलॉजिकल मानविकी के उद्देश्य के रूप में देखल जा रहल बा।[1]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Rose, Deborah Bird. "Rose and Robin, "The Ecological Humanities in Action: An Invitation"". www.australianhumanitiesreview.org. Retrieved 2016-09-05.