Jump to content

नम उपोष्ण कटिबंधी जलवायु

विकिपीडिया से
कुछ गरम ताप वाली आ गर्मीं में खूब गरम ताप वाली जलवायु के पेटी, सुधारित कोपेन बर्गीकरण सिस्टम के अनुसार; एह में 0 °C (32 °F) के सभसे ठंढा महीना के ताप के सीमा मानल गइल बा।
  Cfa
  Cwa

नम उपोष्ण कटिबंधी जलवायु (Humid subtropical climate) एगो जलवायु प्रकार भा जलवायु पेटी हवे जेह में गर्म आ नम गरमी के सीजन होला जबकि जाड़ा कुछ सहज (बहुत जादा ठंढा ना) होला। एह किसिम के जलवायु बहुधा सगरी महादीप सभ के दक्खिनी-पूरबी किनारे प पावल जाले, आमतौर पर 25° आ 35° अक्षांस के बीच में आ ई बगल के उष्णकटिबंधी इलाका के ओर से ध्रुव के ओर बढ़े पर मिले लीं (मने उत्तरी गोलार्ध में उष्णकटिबंध के उत्तर ओर आ दक्खिनी गोलार्ध में उष्णकटिबंध के दक्खिन ओर)। ज्यादातर दसा में ई समुंदर किनारे वाला हिस्सा में पावल जालीं, हालाँकि, एह जलवायु के बिस्तार महादीपी हिस्सा में अंदर की ओर भी दूर ले चहुँपे ला जइसे कि चीन आ भारत में, अउरी अमेरिका में।

कोपेन के जलवायु वर्गीकरण में एह किसिम के जलवायु के Cfa आ Cwa चीन्हा दिहल जाला। ई नम आ बिचबिचवा ताप वाली जलवायु मानल जालीं। एह जलवायु प्रदेश सभ में सभसे ठंढा महीना के औसत तापमान −3 °C (27 °F) आ 18 °C (64 °F) के बीच रहे ला।[1]

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. ↑ "JetStream". Srh.noaa.gov. Retrieved 2018-02-11.