नम उपोष्ण कटिबंधी जलवायु

विकिपीडिया से
कुछ गरम ताप वाली आ गर्मीं में खूब गरम ताप वाली जलवायु के पेटी, सुधारित कोपेन बर्गीकरण सिस्टम के अनुसार; एह में 0 °C (32 °F) के सभसे ठंढा महीना के ताप के सीमा मानल गइल बा।
  Cfa
  Cwa

नम उपोष्ण कटिबंधी जलवायु (Humid subtropical climate) एगो जलवायु प्रकार भा जलवायु पेटी हवे जेह में गर्म आ नम गरमी के सीजन होला जबकि जाड़ा कुछ सहज (बहुत जादा ठंढा ना) होला। एह किसिम के जलवायु बहुधा सगरी महादीप सभ के दक्खिनी-पूरबी किनारे प पावल जाले, आमतौर पर 25° आ 35° अक्षांस के बीच में आ ई बगल के उष्णकटिबंधी इलाका के ओर से ध्रुव के ओर बढ़े पर मिले लीं (मने उत्तरी गोलार्ध में उष्णकटिबंध के उत्तर ओर आ दक्खिनी गोलार्ध में उष्णकटिबंध के दक्खिन ओर)। ज्यादातर दसा में ई समुंदर किनारे वाला हिस्सा में पावल जालीं, हालाँकि, एह जलवायु के बिस्तार महादीपी हिस्सा में अंदर की ओर भी दूर ले चहुँपे ला जइसे कि चीनभारत में, अउरी अमेरिका में।

कोपेन के जलवायु वर्गीकरण में एह किसिम के जलवायु के CfaCwa चीन्हा दिहल जाला। ई नम आ बिचबिचवा ताप वाली जलवायु मानल जालीं। एह जलवायु प्रदेश सभ में सभसे ठंढा महीना के औसत तापमान −3 °C (27 °F) आ 18 °C (64 °F) के बीच रहे ला।[1]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "JetStream". Srh.noaa.gov. Retrieved 2018-02-11.