जायस

विकिपीडिया से
जायस
जायस is located in Uttar Pradesh
जायस
जायस
उत्तर प्रदेश में लोकेशन
Coordinates: 26°15′N 81°32′E / 26.25°N 81.53°E / 26.25; 81.53निर्देशांक: 26°15′N 81°32′E / 26.25°N 81.53°E / 26.25; 81.53
देस भारत
राज्यउत्तर प्रदेश
जिलाअमेठी
Founded byमीर इमादुद्दीन किल्ची
Elevation
101 m (331 ft)
Population
 (2001)
 • Total24,366
भाषा
 • ऑफिशियलहिंदी
 • लोकलअवधी
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
229305
फोनकोड+91 5313

जायस भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के अमेठी जिला में एगो कस्बा बाटे। अमेठी के जिला बने से पहिले ई रायबरेली जिला में पड़े। ई एगो नगर पालिका परिषद हवे आ इहाँ के जनसंख्या लगभग 26,000 बा।

भूगोल[संपादन करीं]

जायस के लोकेशन 26°15′N 81°32′E / 26.25°N 81.53°E / 26.25; 81.53 पर बा,[1] आ ई समुंद्र तल से लगभग 101 मीटर (331 फीट) के ऊँचाई पर स्थित बा। शहर रायबरेली से सुल्तानपुर (वाया गौरीगंज) जाए वाली सड़क पर रायबरेली से पूरुब आ गौरीगंज से पच्छिम ओर पड़े ला। उत्तर ओर जगदीशपुर आ दक्खिन में सलोन नियर कस्बा से भी सड़क मार्ग से जुड़ाव बा।

ई जगह उत्तरी भारत के गंगा-जमुना के मैदान के लगभग बीचोबीच पड़े ला आ इहाँ के जलवायु कोपेन के बर्गीकरण के हिसाब से Cwg प्रकार के हवे जहाँ जनवरी सभसे ठंडा आ मई जून सभसे गरम महीना होला; साल के मुख्य बरखा, मानसून आवे पर बीच जून से सुरू हो के सितंबर ले होले आ अगस्त सभसे ढेर बरखा वाला महीना होला, जबकि कुछ बरखा जाड़ा में पच्छिमी बिछोभ द्वारा होले।

जनसांख्यिकी[संपादन करीं]

2011 तक ले जनगणना आँकड़ा[2] के मोताबिक, जायस नगर पालिका परिषद के कुल जनसंख्या 26,735 रहल जेह में 13,846 मरदाना आ 12,889 जनाना लोग के संख्या रहल।

0-6 बरिस के उमिर बर्ग में जनसंख्या 3,579 (कुल जनसंख्या के 13.39%) रहे। शहर में मानव लिंगानुपात 931 रहल जे उत्तर प्रदेश के औसत 912 से ढेर रहे; हालाँकि, शिशु लिंगानुपात खाली 891 दर्ज कइल गइल जे राज्य के औसत 902 से कम रहल। शहर में साक्षरता के दर 62.42% रहे जे राज्य के औसत 67.68% से कम रहे आ एह में मरदाना लोग के साक्षरता लगभग 69.80% आ औरतन के साक्षरता 54.54% दर्ज कइल गइल बा।

लोग[संपादन करीं]

जायस के परसिद्धि इहाँ निवास करे वाला कवी मालिक मुहम्मद जायसी के कारण हवे। कुछ बिद्वान लोग इहो माने ला कि जायसी इहाँ के मूल निवासी ना रहलें बलुक पाहुन के रूप में नेवासा प रहें।[3] जायसी के परसिद्धि सूफी कवी आ पीर के रूप में हवे आ इनके प्रसिद्ध रचना पद्मावत हवे जे अवधी भाषा में लिखल गइल रचना हवे। जायसी के, हिंदी साहित्य - जेह में हिंदी पट्टी के कई भाषा-बोली सभ के साहित्य के सड़मेंड़ रूप से सामिल कइल जाला, के भक्ति काल के प्रमुख कवी लोग में गिनल जाला।

अन्य लोग में काँग्रेस पार्टी के राजीनीतिक नेता सैयद सिब्ती राज़ी, जे झारखंडआसाम के गवर्नर रह चुकल बाड़ें, आ हिंदी सिनेमा के कलाकार लीला मिश्रा (फिलिम शोले में मौसी के रोल करे वाली) के नाँव उल्लेख जोग बा।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Maps, Weather, and Airports for Jais, India".
  2. "Jais City Population Census 2011 - Uttar Pradesh". Census2011.co.in. Retrieved 2018-01-25.
  3. बच्चन सिंह (2004). हिंदी साहित्य का दूसरा इतिहास. राधाकृष्ण प्रकाशन प्राइवेट लिमिटेड. pp. 102–. ISBN 978-81-7119-785-9.