भूपरिवेष्ठित राष्ट्र
भू-परिवेष्ठित राष्ट्र या स्थल रुद्ध राष्ट्र उ राष्ट्र के कहल जाला जवना देश के सिमा चारो ओर से कउनो न कउनो देश से घेराइल होखे अर्थात कहे के माने ह की उ देश के सिमा कहीं से भी कउनो खुला समुन्दर के तट से न लागल होखे। कुछ राष्ट्र बाड़ें जवन दुई गो देश से घेराइल बाड़ें त कउनो देश अधिक देशन से घेराइल बाड़ें। कुछ देशन के सिमा समुन्दर से लागल बा फिर भी भू-परिवेष्ठित बा काहे की उ देश जवना समुन्दर से घेराइल बा उ समुन्दर खुला समुन्दर नइखे।
निचे कुछ भू परेवेष्ठित देशन के देखीं
भू-परिवेष्ठित राष्ट्र के प्रकार
[संपादन करीं]भू-परिवेष्ठित राष्ट्र हो सकत बा एकही देश से चारो ओर से घेराईल होखे (अगर समुन्दर बा त उहो घेराईल होखे) या दुई गो देश से घेराईल होखे या अधिक देशन से घेराईल होखे। जवन भू-परिवेष्ठित देश चारो ओर से कउनो दूसर भू-परिवेष्ठित देश (एक या अधिक) से घेराईल होखे त ओईसन देश के दोहरा भू-परिवेष्ठित देश कहल जाला।
एक देश से घेराइल देश कुल
[संपादन करीं]तीनगो देश कुल बाड़ें जवन एकही देश से चारो ओर से घेराईल बाड़ें।
- लिसोथो, चारो ओर से दक्षिण अफ्रिका से घेराईल बा।
- सैन मरीनो, चारो ओर से इटली से घेराईल बा।
- वेटिकन सिटी, चारो ओर से रोम से घेराईल बा।, आ ओकरी बाद चारो ओर इटली बा।
दुई देश से घेराइल देश कुल
[संपादन करीं]सातगो देश कुल बाड़ें जवन मात्र दूईये गो देश से चारो ओर से घेराईल बाड़ें:
- अंडोरा (फ्रांस अउर स्पेन के बीच में)
- भूटान (भारत अउर चीन के बीच में)
- एस्वातीनी (दक्षिण अफ्रीका अउर मोजाम्बिक के बीच में)
- लिसेंसटीन (स्विट्जरलैंड अउर ऑस्ट्रिया के बीच में दोहरा भूपरिवेष्ठित राष्ट्र)
- मॉल्डोवा (यूक्रेन अउर रोमानिया के बीच में)
- मंगोलिया (रुस अउर चीन के बीच में)
- नेपाल (भारत अउर चीन के बीच में)
इ लिस्ट में दूई गो अउर देश के जोड़ल जा सकत बा जेवना के अंतराष्ट्रिय तौर पर देश के मान्यता नईखे अथवा थोड़ा मात्रा में मान्यता प्राप्त बा।:
- दक्षिण ओसेटिया (रुस अउर जॉर्जिया के बीच में)
- ट्रांसनिष्ट्रिया (युक्रेन अउर मोल्दोवा के बीच में)