कुल्फी
Jump to navigation
Jump to search
![]() बदाम कुल्फी | |
परकार | आइसक्रीम |
---|---|
समय | मिठाई |
उत्पत्ति के अस्थान | मुग़ल भारत |
क्षेत्र या राज्य | भारतीय उपमहादीप |
मुख्य सामान | दूध, चीनी |
कुल्फी एगो भारतीय मीठा के आइटम हवे जे दूध के गाढ़ क के जमा के बनावल जाला। ई एक तरह से देसी आइसक्रीम हवे हालाँकि, ई आइसक्रीम के तुलना में ढेर ठोस होला। गर्मी के दिन में पूरा भारतीय उपमहादीप में ई बहुत बिकाला आ उत्तर भारत आ पाकिस्तान में मटका कुल्फी बहुत पापुलर चीज हवे।
आमतौर पर ई एकदम उज्जर से ले के क्रीमी उज्जर भा पीयर रंग के होला। एह में मिलावल जाए वाला सुगंध-सवाद (फ्लेवर) के आधार पर एकरा के बादाम कुल्फी, पिस्ता कुल्फी भा मैंगो कुल्फी नियर बिबिध वेराइटी हो जाला।
इहो देखल जाय[संपादन]
संदर्भ[संपादन]
![]() | ई मीठा-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |