आइसक्रीम
Jump to navigation
Jump to search
आइसक्रीम चाहे आइस क्रीम एक किसिम के खाये वाला चीज हवे जेकरा के मीठा के तौर पर खाइल जाला। ई दूध भा मलाई से बनावल हो सकेला आ ठंढा क के जमा के बनावल जाला। चीनी भा अउरी कौनों किसिम के मीठा के इस्तेमाल से एकरा के मीठ बनावल जाला, फ्लेवर भा सुगंध खातिर एह में कोको, वनीला इत्यादि के पावडर चाहे फल या फिर फल के जूस मिलावल गइल हो सके ला। फ्लेवर वाला क्रीम में लिक्विड नाइट्रोजन मिला के भी आइसक्रीम बनावल जा सके ला। एकरा के बनावे खातिर जीरो डिग्री से नीचे के तापमान पर ठंढा कइल जाला आ साथे-साथ फेंटल जाला जवना से कि ई बीचा में हवा उठा ले आ फ्लफी (नरम फुहा नियर) हो सके; एह तरीका से ई कुछ ठोस, मोलायम आ गाज नियर बन जाला। तापमान बढ़े पर ई पघिले लागे ला।
![]() | ई मीठा-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |