किराँत राज्य

विकिपीडिया से
(किरात से अनुप्रेषित)

संस्कृत साहित्य आ हिन्दू के पुरान ग्रन्थन से पता चलेला कि इतिहास में किराँती लोगन के एगो राज्य रहल जेके किराँत राज्य कह के सम्बोधन कइल जायेला, उ लोगन के राज्य हिमालय के पास रहल जेके हिमालयन निवासी भी कहल जायेला (अधिकतर पुर्वी हिमालय कि ओर)। उ लोग पर्वत निवासी लोग के साथ-साथ कुरूक्षेत्र के लड़ाई में हिस्सा लेले रहल लोग। उ लोग नेपाल आ भूटान के हिमालयी क्षेत्र में पूरा फैल गइल रहल लोग। उ लोगन के फैलाव भारत के राज्य हिमाचल प्रदेश, उत्तराखंड, उत्तर प्रदेश, बिहार, पश्चिम बंगाल, दार्जिलिंग, आसाम आ त्रिपुरा तक रहे। उ लोग पाकिस्तान के पश्चिमी हिमालय क्षेत्र तक भी फैल गइल रहल लोग। किराँत वंश के संस्थापक राजा यलम्बर रहलन।