Jump to content

धौलागिरि

विकिपीडिया से
(धौलागिरी से अनुप्रेषित)
धौलागिरि
धौलागिरि के चोटी
Highest point
ऊँचाई8,167 मी (26,795 फीट)
सातवीं रैंक
टोपो प्रामिनेंस3,357 मी (11,014 फीट)[1]
Ranked 55th
टोपोग्राफिक बिलगाव318 किलोमीटर (198 मील)
मूल चोटीK2 [2]
लिस्टिंगआठ हजारी
अल्ट्रा
भूगोल
धौलागिरि is located in नेपाल
धौलागिरि
धौलागिरि
मूल परबत श्रेणीधौलागिरि हिमाल
चढ़ाई
पहिली चढ़ाईमई 13, 1960 by Kurt Diemberger, A. Schelbert, E. Forrer, Nawang Dorje, Nyima Dorje
(First winter ascent 21 जनवरी 1985 Jerzy Kukuczka and Andrzej Czok)
सहज रूटउत्तरी पूरबी रिज़

धौलागिरी नेपाल में एगो मैसिफ़ बा आ ई काली गंडकी से लगभग 120 किमी (70 मील) के दूरी पर एकरे आ भेरी नदी के बीच में मौजूद बाटे। एकरा उत्तर ओर भेरी नदी के सहायिका आ दक्खिन-पूरुब ओर Myagdi Khola नदी बाटे। धौलागिरी I बिस्व के सातवीं सभसे ऊँच चोटी बा आ ई समुद्र तल से 8,167 मीटर (26,795 फीट) के ऊँचाई वाली बाटे।

एकर नाँव धौलागिरी संस्कृत के धवल (सफ़ेद)[3] आ गिरि (पर्वत)[4] से बनल बाटे। गंडकी नदी बेसिन के ई सभसे ऊँच चोटी भी बा।

अन्नपूर्णा I (8,091m/26,545 ft) एकरा से मात्र 34 km. पूरुब ओर बाटे। गंडकी (नारायणी) नदी अन्नपूर्णा आ धौलागिरी के बीच में गार्ज बनावेले आ ई गार्ज दुनिया के सभसे गहिरा मानल जाला। अन्नपूर्णा के दक्खिन में पोखरा नाँव के अस्थान एगो प्रमुख पर्यटन अस्थान बाटे आ इहाँ परबत पर चढ़े वाला क्लाइम्बर लोग रुक के आगे बढ़े ला।

  1. "Dhaulāgiri, Nepal". Peakbagger.com. Retrieved 15 दिसंबर 2015.
  2. "High Asia - All mountains and main peaks above 6750 m". 8000ers.com. Retrieved 15 दिसंबर 2015.
  3. Monier-Williams, op. cit. p. 513
  4. Monier-Williams, op. cit. p. 355

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]