एसिड बरखा
Jump to navigation
Jump to search
एसिड बरखा भा तेजाबी बरखा कौनो भी अइसन बरखा हो सके ला जे असाधारण रूप से तेजाबी (एसिडिक) होखे। कहे के मतलब कि अइसन बरखा जेह में गिरे वाला पानी में हाइड्रोजन आयन के अधिकाई होखे (पीएच मान कम होखे)।
अइसन बरखा के मुख्य कारण वायुमंडल में सल्फर डाईऑक्साइड आ नाइट्रोजन ऑक्साइड के पहुँचे के कारण होला काहें कि ई गैस सभ वायुमंडल के हवा में मौजूद पानी के साथे रिएक्शन क के एसिड के निर्माण करे लीं। एह गैस सभ के वायुमंडल में चहुँपे के जिम्मेदार उद्योग से निकले वाला धुआँ गैस आ गाड़ी-बस से निकले वाला धुआँ बा। कई देसन के सरकार एह सभ पर कंट्रोल करे के कोसिस 1970 के दशक से क रहल बाड़ीं।
संदर्भ[संपादन]
![]() | ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |