तेल रिसाव
Jump to navigation
Jump to search
तेल रिसाव (अंगरेजी: Oil spill) अइसन घटना हवे जेह में मनुष्य के गतिविधि के चलते पानी में, बिसेस रूप से समुंद्र के पानी में, पेट्रोलियम हाइड्रोकार्बन सभ के तरल रूप में बहाव हो जाला आ ई एक किसिम के प्रदूषण हवे। शब्द के इस्तेमाल खासतौर पर पानी में पेट्रोलियम के रिसाव खातिर इस्तेमाल होला हालाँकि, अइसन रिसाव जमीन वाला हिस्सा में भी हो सके ला। पेट्रोलियम तेल ढोवे वाला टैंकर, पानी के जहाज (टैंकर जहाज), समुंद्र किनारे या समुंद्र के तीरे से कुछ दूरी पर के समुंद्र भीतरी तेल निकाले वाला प्लेटफार्म, या तेल के खदान से अइसन तेल पानी में पहुँच सके ला।
अइसन तेल रिसाव ओह इलाका के पर्यावरण आ जीव-जंतु सभ खातिर नोकसानदेह होला। एकर सफाई मुश्किल होला आ कई किसिम के चीज पर निर्भर करे ला कि एकरा के कइसे आ केतना साफ कइल जा सकत बा।