आरा-छपरा सेतु

विकिपीडिया से
वीर कुंवर सिंह सेतु
आरा-छपरा सेतु
लोकेशन25°43′41″N 84°48′52″E / 25.7279395°N 84.8144217°E / 25.7279395; 84.8144217
इस्तेमाल4-lane Extradosed bridge, High Level Bridge (approaches)
पार करे लागंगा
जगहआराछपरा
बिसेसता
डिजाइनExtradosed bridge
मटेरियलConcrete
कुल लंबाई4,350 मीटर (14,270 फीट)
चौड़ाई24 मीटर (79 फीट)
सभसे लमहर खंड120 मीटर (390 फीट)[1]
खंड सं.16
लेन सं.4
इतिहास
पूरा भइल11 जून 2017

आरा-छपरा सेतु चाहे वीर कुंवर सिंह सेतु[2] भारत के बिहार मे भोजपुरसारन जिला मे गंगा प बनल एगो पुल हऽ जे आरा आउर छपरा के जोड़ेला। ई दुनिया के सभ से लाम एक्स्ट्राडोज्ड पुल बाटे।[3][4] ई पुल बिहार के उत्तर आ दक्खिनी भाग के जोड़े के काज करेला। [5] वीर कुंवर सिंह सेतु के आम जनता ला 11 जून 2017 के खोलल गइल।[6]

परियोजना[संपादन करीं]

आरा-छपरा सेतु आरा आउर छपरा के दूरी 130 किमी से 40किमी कई दिहलस।[7] हेकरा बनला से लोग उत्तर बिहार से दक्खिन बिहार बिना पटना गइले जा सकेला। ई पुल छपरा मे एनएच-19 आ आरा के कोइलवर में एनएच-30 के जोडला।[8][9] नीतीश कुमार पुल के शिलान्यास 2010 मे कइलन आ बोललन की हुनकर इच्छा भोजपुरी बोले वाला जिला सभ के जोडल बा।

800 करोड़ रोपया लगाई के बनल आरा छपरा सेतु दुनिया से सभसे लमहर मल्टी स्पेन एक्स्ट्रादोज्ड सेतु बाटे।[10] पुल 4.35 किमी लमहर बा।

गंगा नदी प पुल[संपादन करीं]

गंगा नदी बिहार के दु बखरा कई दिहेले जेकरा गुने यातायत मे परेशानी होखेला।

गंगा नदी प पहिलका पुल, राजेन्द्र सेतु 1959 मे बनल रहे। दूसरका पुल महात्मा गाँधी सेतु जवन की 5575 मीटर लमहर रहे आ ओह घड़ी भारत से सभसे लमहर पुल रहे।[11] हेकरा बाद भागलपुर मे विक्रमशिला सेतु बनल आ चउथा पुल जयप्रकाश नारायण सेतु रहे।

मुंगेर गंगा सेतुओ अभी बनऽता।[12] बख्तियारपुर - ताजपुर सेतु के निर्माण अबहिन होखऽता जे बख्तियारपुरताजपुर के जोड़ी।

आरा-छपरा सेतु आराछपरा के जोड़ेला। राजेन्द्र सेतु लगे एगो अउर पुल बनावे के बात चलऽता।

गैलरी[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Archived copy". Archived from the original on 10 जून 2018. Retrieved 23 मई 2017.{{cite web}}: CS1 maint: archived copy as title (link)
  2. "Bridge opening boon for north Bihar link". Archived from the original on 7 नवंबर 2017.
  3. "Ganga link to connect Ara & Chhapra". Archived from the original on 20 मई 2012.
  4. "Land bids put bridges in troubled waters Four new bridges being constructed over the Ganga in different locations across Bihar have missed their deadlines for completion. The existing bridges are dilapidated, adding to the woes". Archived from the original on 9 अक्टूबर 2016.
  5. Kumar, Madan (26 दिसंबर 2015). "Ara-Chhapra road bridge on Ganga river to be ready by June 2016". Patna, India: The Times of India, 26 December 2015. Archived from the original on 27 दिसंबर 2015.
  6. "New bridges over Ganga reduce distance in Bihar". Archived from the original on 11 नवंबर 2017.
  7. "Archived copy". Archived from the original on 2 जनवरी 2017. Retrieved 31 दिसंबर 2016.{{cite web}}: CS1 maint: archived copy as title (link)
  8. "संस्कृति को सशक्त करेगा आरा-छपरा पुल". Archived from the original on 9 अक्टूबर 2016.
  9. http://www.telegraphindia.com/1131016/jsp/bihar/story_17456247.jsp#.V_ktNuV97IU Archived 9 अक्टूबर 2016 at the Wayback Machine
  10. "Tejashwi Prasad Yadav to open 2 mega bridges on Pul Nigam day". Archived from the original on 19 जून 2017.
  11. "Mahatma Gandhi Setu the Longest River Bridge in India". General Knowledge Quiz. Archived from the original on 4 जुलाई 2011. Retrieved 6 जुलाई 2011.
  12. "PM opens work on Munger rail-cum-road bridge project". Times of India, 27 December 2002. 27 दिसंबर 2002. Archived from the original on 8 सितंबर 2012. Retrieved 6 जुलाई 2011.