बिहार के जलवायुनम उपोष्ण कटिबंधी जलवायु (Cwa) हवे। इहाँ जाड़ा में ख़ूब ठंढा मौसम रहेला आ तापमान 0° से 10°C ले नीचे गिर जाला। जाड़ा में बरखा पच्छिमी विक्षोभ से पैदा होखे वाला चक्रवातन से होला। फरवरी कि अंत से ले के अप्रैल ले मौसम बसंत के होला आ सुहावन होला। अप्रैल की बाद गर्मी पड़े शुरू होला आ मई की अंत ले ख़ूब गर्मी पड़ेला जेवना में तापमान 45°C ले ऊपर पहुँच जाला। मई में लोकल झंझावात से बरखा भी होला। एकरी बाद मानसून के सीजन आ जाला आ बरखा के शुरुआत होला जेवन सितंबर की शुरुआत ले चलेला। बिहार में 150 से 200 सेंटीमीटर ले बरखा होला। अक्टूबर-नवंबर के मौसम सुहावन होला आ फिर नवंबर से जाड़ा शुरू हो जाला।