उत्तर प्रदेश के जलवायु
उत्तर प्रदेश के जलवायु, मुख्य रूप से नम उपोष्ण कटिबंधी जलवायु (Cwa) प्रकार के हवे जहाँ कुछ इलाका सभ में कुछ-सूखा वाली जलवायु (BS) पावल जाले। हालाँकि, कुछ लोग जनरल रूप से पूरा भारत के जलवायु के उष्णकटिबंधी मानसूनी जलवायु माने ला; एह हिसाब से उत्तरो प्रदेश के जलवायु के इहे मानल जा सके ला। जाड़ा, गर्मी, बरसात आ शरद रितु के चार गो सीजन होलें। अधिकतर बरखा मानसून के सीजन में होला जेकरा के बरसात के सीजन कहल जाला। बरखा के मात्रा आमतौर पर पूरुब से पछिम जाए पार घटत जाले। साल भर में तापमान के स्थिति बहुत बेसी बदलाव वाली होला जे मिनिमम 0 °C से अधिकतम 50 °C के बीचा में कुछऊ हो सके ला।
सीजन
[संपादन करीं]भारतीय मौसम विभाग (Indian Meteorological Department) के मुताबिक, उत्तर प्रदेश में तीन मुख्य सीजन होखेलें। हालाँकि भारत में वापसी वाला मानसून (retreating monsoon) का असर कई जगह देखल जाला, बाकि उत्तर प्रदेश में एह मानसून के बहुत कम असर पड़ेला। बस कभो-कभार हलुक बरसात हो जाला, ऊ हो अधिकतर जाड़ा के सीजन में होला। एह बरसात के कुछ हिस्सा पच्छिमी विक्षोभ (western disturbances) के कारण होखेला, ना कि असली मानसून से।
गर्मी
[संपादन करीं]गर्मी मार्च से मई (भा जून के दुसरा हप्ता ले) तक रहेला। एह समय मौसम बहुत गरम आ सूखल रहेला। तापमान अधिकतम 45 °C (113 °F) ले पहुँचि सकेला, आ कई बेर 47-48 °C (116.6-118.4 °F) ले चढ़ जाला। सापेक्षिक आर्द्रता लगभग 20 परसेंट रहेला, आ हवा में गर्मी आ धूर भरल रहेला; दिन के समय पच्छिम से पूरुब लूहि बहे ले आ रात के घरी कुछ ठंडा पुरुआ हवा बहे ले।
बरसात (Monsoon)
[संपादन करीं]मानसून भा बरखा के सीजन जून से अक्टूबर ले रहेला। ई सालाना कुल बरसात के 85 परसेंट लेके आवेला। बरसात वाला दिन में तापमान कुछ घट जाला। हालाँकि, ई गर्मी के सीजन ले बेसी तकलीफ़ वाला हो सके ला जब मानसून के एक फेज से दूसरा के बीचा में पानी ना बरसे ला आ मौसम उमस आ गर्मी से बेहाल क देवे वाला हो जाला।
जाड़ा
[संपादन करीं]जाड़ा नवंबर से फरवरी ले रहेला। सबसे बेसी जाड़ दिसंबर के बीचे से सुरू हो के जनवरी भर पड़े ले। सबेरे तापमान मिनिमम 3-4 °C (37.4-39.2 °F) ले नीचे गिर सकेला, आ कभू-कभार −1 °C (30.2 °F) ले भी नीचे चली जाला। आमतौर प जाड़ा के समय आसमान साफ रहेला, बाकि कुछ इलाकन में धुंध या कोहरा देखल जाला। शीत लहरी के समय लगभग मय उत्तरी हिस्सा में घन कोहरा पड़े ला।
| ई उत्तर प्रदेश से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |