xXx: रिटर्न ऑफ जैन्डर केज
xXx: रिटर्न ऑफ जैन्डर केज | |
---|---|
![]() थियेट्रिकल रिलीज पोस्टर | |
डाइरेक्टर | डी. जे. क्रूसो |
प्रोड्यूसर | |
लेखक | एफ स्कॉट फ्रेजियर |
आधार |
चरित्र सभ by रिच विल्केस |
कलाकार |
|
संगीतकार | |
सिनेमैटोग्राफी | रसेल कारपेंटर |
संपादक |
|
प्रोडक्शन कंपनी |
|
डिस्ट्रीब्यूटर | पैरामाउंट पिक्चर्स[4] |
रिलीज के तारिख |
|
लंबाई (समय) | 107 मिनट[5] |
देस | अमेरिका[6] |
भाषा | अंगरेजी |
बजट | $85 मिलियन[5] |
बॉक्स ऑफिस | $346.1 मिलियन[5] |
xXx: रिटर्न ऑफ जैन्डर केज (अंगरेजी: xXx: Return of Xander Cage) ट्रिपल एक्स सीरीज के एक ठो फिलिम बा। मुख्य भूमिका में एह सीरीज के बाकी फिलिम सभ नियर विन डीजल बाने। ई फिलिम 20 जनवरी 2017 के अमेरिका में रिलीज भइल, भारत में एकरा के 14 जनवरी के रिलीज कइल गइल रहल। फिलिम के डाइरेक्टर डी. जे. क्रूसो बाड़ें आ भारतीय लोग खाती खास बात कि एह फिलिम में दीपिका पादुकोण भी रोल कइले बाड़ी। फिलिम के अन्य मुख्य कलाकार लोगन में डोनी येन, क्रिस वू, रूबी रोज, टोनी जा, नीना दोब्रेव, टोनी कोलेट, एरियाड्ना गुटीएरेज, हर्माइनी कोरफील्ड आ सैमुएल एल. जैक्शन लोग बाड़ें। ई फिलिम XXX फिलिम सिरीज के तिसरकी फिलिम हवे, XXX (2002) आ XXX: स्टेट ऑफ दि यूनियन (2005), दुनों के सीक्वल के रूप में।
कहानी[संपादन करीं]
एनएसए के एजेंट ऑगस्टस गिब्बंस कोसिस करे लें कि फुटबाल खेलाड़ी नेमार के ट्रिपल-एक्स (xXx) प्रोग्राम के हिस्सा बनावल जाय जब एगो सैटेलाईट के क्रैश हो जात बा आ एह दुनों लोगन के मउअत हो जात बा। एकरा कुछे टाइम के बाद चार गो कुशल लोग जियांग के अगुआई में सीआईए के न्यूयॉर्क स्थित एगो अति-सुरक्षित ऑफिस में घुस के एगो उपकरण "पैंडोरा के बाकस" हासिल करे ला जे कौनों सैटेलाइट के कंट्रोल का सके ला आ ओकरा के क्रैश करा के कौनों मनचाहा बिसेस जगह पर गिरा सकत बा, एगो घातक हथियार के रूप में।
सीआईए के एजेंट जेन मार्क पुरान ट्रिपल एक्स एजेंट जेंडर केज के खोज निकालत बाड़े जे अपना मर चुके के धोखा क के कहीं निवास क रहल बा। डोमिनिकन रिपब्लिक में खुद से घोषित निर्वासन में रह रहल जेंडर केज के मनावल जात बा की सर्विस में लवट आवें आ ओह उपकरण (डिवाइस) के हासिल करें।
लंदन में एगो पुराना दोस्त एन्सले के खोज करे के बाद जेंडर केज हमलावर लोगन के फिलिपीन्स में लोकेट क लेत बाड़ें। केज के मदद खातिर एगो इस्पेशल टास्क फ़ोर्स के गठित कइल जात बा बाक़ी ऊ एकरा के रिजेक्ट क देत बाड़ें। आपन खुद के टीम बनावत बाड़ें जेह में शार्पशूटर एडेले वूल्फ, डीजे हारवर्ड "निक्स" झोऊ, आ गेटवे ड्राइवर टेनिसन "द टॉर्च" बा लोग। ई टीम मिल के जियांग के लोकेट करत बा लोग जहाँ ई पता चलत बा कि उहो लोग ट्रिपल एक्स एजेंट बा लोग जिनहन लोगन के गिब्बंस द्वारा रिक्रूट कइल गइल बा। जियांग के टीम में सेरेना, टेलून आ हॉक लोग बा। जियांग बतावत बाड़ें की ऊ लोग डिवाइस हासिल क लिहले बाटे जवना से कि ओकर दुरुपयोग रोकल जा सके हालाँकि, सेरेना के बिचार बा कि दिवाइस के पूरा तरीका से नष्ट क दिहल जाव।
कुछे देर के बाद आइलैंड पर रशियन सैनिक सभ के हमला हो जात बाटे। ग्रुप मेंबर लोग लड़त बा आ रोके में सफल हो जात बा, जबकि जियांग पैन्डोरा के बक्सा के साथे भाग निकले में कमयाब हो जात बा। जेंडर ओकर पीछा करत बाड़े आ लगही के एगो बीच पर धरि लेत बाड़ें। सेरेना धोखा देत बिया बाक्स के नष्ट क देत बिया आ जेंडर केज के टीम में सामिल हो जात बा, जबकि जियांग बच के निकल जात बा टैलन आ हॉक के साथे मिल जात बा। एकरे बाद मास्को के ओलंपिक स्टेडियम में एगो सैटेलाइट के क्रैश होखत बा, मार्क ई निश्चित करत बाड़ें कि सेरेना जवना डिवाइस के बरबाद क दिहले रहल ऊ असली ना रहे बलुक एगो प्रोटोटाइप रहल। एकर मतलब की दुनों टीम आपन समय बर्बाद करत रह गइली। एही समय जेंडर केज के ई पता लागत बाटे कि सीआइए के डाइरेक्टर एंडर्सन एह सभ में खुदे सामिल बा आ ओही के लगे असली डिवाइस बाटे।
कलाकार[संपादन करीं]
- विन डीजल - जेंडर केज के रोल में, an extreme athlete turned xXx field agent who was believed to have died.
- डोनी येन - जियांग के रोल में, a xXx agent who heads a team trying to secure Pandora's Box
- दीपिका पादुकोण - सेरीना उंगर के रोल में, पहिले जियांग के सपोर्टर रहली
- क्रिस वू as Nicks, full name Nicky Zhou, a guy who supports Cage; he is also a DJ nicknamed "The Hood"
- रूबी रोज़ as Adele Wolff, a main sharpshooter who supports Cage
- टोनी जा as Talon, supports Xiang
- नीना दोब्रेव as Becky Clearidge, former assistant of Gibbons and weapons specialist assigned by Marke to provide technical weapons and equipment support to Cage.
- टोनी कोलेट - जेन मार्क के रोल में, सीआइए एजेंट lead who brings in Cage for the job
- सैमुएल एल. जैक्शन - ऑगस्टस गिब्बंस के रोल में, founder of the xXx program and also NSA field agent who originally recruited Cage
- रोरी मैककेन - as Tennyson Torch, a getaway driver who supports Cage; he keeps a record of the number of times he drives a vehicle to crash into things (which reaches 200)
- हर्माइनी कोरफ़ील्ड - as Ainsley, a close ally of Cage who lives in London.
- टोनी गोंजालेज - पॉल डोनोंवान के रोल में, Special Forces operative working for Marke[7]
- माइकल बिसपिंग - हॉक के रोल में, जियांग के सपोर्टर
इहो देखल जाय[संपादन करीं]
संदर्भ[संपादन करीं]
- ↑ 1.0 1.1 1.2 1.3 Kroll, Justin (जनवरी 21, 2016). "Deepika Padukone Joins Vin Diesel in 'XXX: The Return of Xander Cage'". Variety (magazine). पहुँचतिथी अक्टूबर 24, 2016.
- ↑ "Brian Tyler Scoring 'xXx: Return of Xander Cage'". Film Music Reporter. पहुँचतिथी नवंबर 2, 2016.
- ↑ "Robert Lydecker Co-Scoring 'xXx: Return of Xander Cage'". Film Music Reporter. नवंबर 26, 2016. पहुँचतिथी जनवरी 11, 2017.
- ↑ 4.0 4.1 4.2 4.3 4.4 "Film Releases". Variety Insight. ओरिजनल से अक्टूबर 26, 2016 के पुरालेखित. पहुँचतिथी मार्च 1, 2017.
- ↑ 5.0 5.1 5.2 "xXx: The Return of Xander Cage (2017)". Box Office Mojo. पहुँचतिथी अप्रैल 22, 2017.
- ↑ "xXx: The Return of Xander Cage (2017)". AllMovie. पहुँचतिथी अक्टूबर 24, 2016.
- ↑ Kroll, Justin (March 7, 2016). "Former NFL Star Tony Gonzalez Joins 'xXx' Sequel". Variety. पहुँचतिथी December 3, 2016.
ई लेख एगो फिलिम के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |