Jump to content

दीपिका पादुकोण

विकिपीडिया से
दीपिका पादुकोण
Deepika Padukone is seen smiling at the camera
दीपिका पादुकोण 2018 के कान फिलिम फेस्टिवल में
Born (1986-01-05) 5 जनवरी 1986 (उमिर 40)
कोपेनहेगन, डेनमार्क
Occupationऐक्ट्रेस
Years active2005–अबतक
Spouse
Fatherप्रकाश पादुकोण
Websitedeepikapadukone.com

दीपिका पादुकोण (जनम: 5 जनवरी 1986) एक ठो भारतीय फिलिम ऐक्ट्रेस बाड़ी। दीपिका के हिंदी सिनेमा में एक्टिंग करे खातिर बॉलीवुड ऐक्ट्रेस के रूप में जानल जाला। पादुकोण के कई ठे अवार्ड मिल चुकल बाड़ें जेह में फिल्फेयरो सामिल बा।

बैडमिंटन खिलाड़ी प्रकाश पादुकोण के बेटी पादुकोण के जनम कोपेनहेगन में भइल रहे आ इनकर परवरिश बंगलौर में भइल। किशोरावस्था में ऊ राष्ट्रीय स्तर के चैम्पियनशिप में बैडमिंटन खेलत रहली बाकिर एह खेल में आपन कैरियर छोड़ के फैशन मॉडल बन गइली। जल्दिये इनके फिलिमी भूमिका खातिर ऑफर मिलल आ ऊ 2006 में कन्नड़ फिलिम ऐश्वर्या के टाइटिल किरदार के रूप में अभिनय के शुरुआत कइली। एकरे बाद पादुकोण अपना पहिली बॉलीवुड रिलीज रोमांस ओम शांति ओम (2007) में शाहरुख खान के साथ डबल रोल निभवली जेह में इनके बेस्ट फीमेल डेब्यू खातिर फिल्मफेयर अवार्ड मिलल। पादुकोण के रोमांस फिलिम लव आज कल (2009) में अभिनय करे वाली भूमिका खातिर तारीफ मिलल, बाकी एकरे बाद कुछ समय खातिर झटका लागल।

प्रमुख फिलिम

[संपादन करीं]
साल फिलिम किरदार भाषा टिप्पणी
2006ऐश्वर्याऐश्वर्याकन्नड़
2007ओम शांति ओमशांतिप्रिया/संध्या (सैंडी)हिंदीफिलिमफ़ेयर महिला प्रथम अभिनय पुरस्कार
नामित–फिलिमफ़ेयर सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री पुरस्कार
2008बचना ऐ हसीनोगायत्रीहिंदी
2009चाँदनी चौक टू चाइनासखी/सूज़ीहिंदी, कैंटोनी
बिल्लूस्वयंहिंदी"लव मेरा हिट-हिट" गीत में विशेष उपस्थिति
लव आज कल मीरा पंडितहिंदी
मैं और मिसेज खन्नारायना खानहिंदीविशेष उपस्थिति
2010कार्तिक कॉलिंग कार्तिकशोनाली मुखर्जीहिंदी
हाउसफुलसौंदर्या राव (सैंडी)हिंदी
लफंगे परिंदेपिंकी पालकरहिंदी
ब्रेक के बादआलिया खानहिंदी
खेलें हम जी जान से कल्पना दत्तहिंदी
2011दम मारो दमअनामहिंदी"मिट जाए ग़म (दम मारो दम)" गीत में विशेष उपस्थिति
आरक्षणपूर्बी आनंदहिंदी
देसी बॉयजराधिका अवस्थीहिंदी
2012कॉकटेलवेरोनिका मलानेहिंदीनामित–फिलिमफ़ेयर सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री पुरस्कार
2013रेस 2एलेनाहिंदी
बॉम्बे टॉकीज़ख़ुदहिंदी, अंग्रेज़ी"अपना बॉम्बे टॉकीज़" गीत में विशेष उपस्थिति
ये जवानी है दीवानीनैना तलवारहिंदी
चेन्नई एक्सप्रेसमीनालोचनीहिंदी,तमिल
गोलियों की रासलीला रामलीलालीला सनेराहिंदी
2014कोचादियानराजकुमारी वधानातमिल
फाइंडिंग फैनीएंजीहिंदी/अंग्रेज़ी
हैप्पी न्यू ईयर मोहिनीहिंदी
2015पीकू पीकू बनर्जीहिंदी
तमाशा तारा माहेश्वरीहिंदी
बाजीराव मस्तानी मस्तानीहिंदी
2017पद्मावतरानी पद्मिनीहिंदी
2020 छपाक मालती हिंदी
2021 83
2022 गहराइयाँ अलीशा "अल" खन्ना हिंदी